टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

स्वामी प्रसाद मौर्य कुशीनगर से चुनाव लड़िहें : सोशल मीडिया s कइलें ऐलान, कहलें- देखे के बा कि I.N.D.I. गठबंधन हमरा के समर्थन देत बा कि ना?

10:53 AM Mar 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी के अध्यक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य कुशीनगर सीट से लोकसभा चुनाव लड़िहें। अतवार के ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर ऐलान कइलें। मौर्य कहलें कि अब देखे के ई कि I.N.D.I गठबंधन हमरा के आपन हिस्सा मानत बा कि ना? भा फेर भीम आर्मी प्रमुख चंद्रशेखर, अपना दल (कमेरावादी) के पल्लवी पटेल के तरे गठबंधन के हिस्सा ना होखे के प्रमाण पत्र देत बा।

Advertisement

स्वामी प्रसाद कुशीनगर के संगही देवरिया से SN चौहान के राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी के प्रत्याशी बनवले बाड़ें। ऊ कहलें कि बाकी कुछ आउर सीटन में प्रत्याशियन के नाम के ऐलान जल्दिये कइल जाई। कुशीनगर से भाजपा मवजूदा सांसद विजय दुबे के टिकट देले बिया। I.N.D.I गठबंधन में ई सीट सपा के लगे बा। सपा अभी तक इहां आपन प्रत्याशी नइखे उतरले। बसपो के ओर से अभी ले प्रत्याशी के ऐलान नइखे कइल गइल।

स्वामी प्रसाद मौर्य के एह ऐलान से कुशीनगर में चुनावी लड़ाई रोचक हो गइल बा। सपा के ओर से प्रत्याशी के ऐलान होखला के बाद मुकाबला त्रिकोणीय होखला के उम्मीद जतावल जा रहल बा।

एने, मथुरा में बसपा आपन कैंडिडेट बदल देले बिया। अब पूर्व IRS सुरेश सिंह के टिकट दिहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsIndi Allianceit is said - after seeing that I.N.D.I. Will the alliance support us or not?Kushinagar Loksabha SeatLoksabha Elections 2024Maurya to do nomination from KushinagarSwami Prasad MauryaSwami Prasad Maurya should contest elections from Kushinagar: Many announcements on social media
Advertisement
Next Article