For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सीरिया में हालात बिगड़ल, विदेश मंत्रालय जारी कइलस ट्रैवल एडवाइजरी, यात्रा से बचे के सलाह

09:33 AM Dec 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
सीरिया में हालात बिगड़ल  विदेश मंत्रालय जारी कइलस ट्रैवल एडवाइजरी  यात्रा से बचे के सलाह
सीरिया में हालात बिगड़ल
Advertisement

सीरिया में दिन पs दिन बिगड़त हालात के बीच विदेश मंत्रालय ट्रैवल एडवाइजरी जारी कइले बा. एह एडवाइजरी में भारतीय नागरिकन के सलाह दिहल गइल बा कि जबले आगे के आदेश ना मिल जाई तबले सीरिया जाए से बचे के चाहीं.  विदेश मंत्रालय के ओर से जारी एs एडवाइजरी में कहल गईल बा कि सीरिया के हालत खराब बा। फिलहाल सीरिया के यात्रा काफी जोखिम वाला बा।

Advertisement

हेल्पलाइन नंबर जारी कइल गइल

विदेश मंत्रालय एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी कs कहलस कि, सीरिया में प्रचलित स्थिति के देखत भारतीय नागरिक के एडवाइजरी दिहल जाता कि "जब ले आगे के आदेश ना मिल जाई तब ले सीरिया जाए से बची।  संगही, जे लोग सीरिया में बाड़े, ओकरा के जल्दी से जल्दी सीरिया छोड़े के सलाह दिहल गईल बा।  विदेश मंत्रालय आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर +963993385973 आ ईमेल आईडी [email protected] भी जारी कइले बा।

सुरक्षा के लेके सतर्क रहीं

सीरिया में मौजूद भारतीय नागरिकन से निहोरा कइल गइल बा कि ऊ लोग दमिश्क में भारतीय दूतावास के आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर (व्हाट्सएप पर भी) आ ईमेल आईडी पs संपर्क में रहीं.  जे सीरिया से बाहर निकले में सक्षम बा ओकरा जल्दी से जल्दी  जाए के चाहीं.  सीरिया में रहे वाला भारतीयन से भी कहल गइल बा कि ऊ लोग अपना सुरक्षा के पूरा ध्यान राखे आ आपन आवाजाही सीमित राखे.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

Tags :
Advertisement