टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

T20 WC India Squad PC Live: टीम चयन पऽ रोहित आ अगरकर के प्रेस कॉन्फ्रेंस, जानी एकर खास बात

06:48 PM May 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

T20 WC India Squad PC Live: टी20 वर्ल्ड कप 2024 खातिर भारतीय टीम के एलान हो चुकल बा। एकरा के लेके बियफे के रोहित शर्मा आ अजीत अगरकर प्रेस कॉन्फ्रेंस में हिस्सा लेले। मुंबई में आयोजित प्रेस कॉन्फ्रेस में भारतीय कप्तान रोहित शर्मा आ मुख्य चयनकर्ता अजीत अगरकर कई गो अहम सवालन के जवाब दिहले। दुनु जना हालही में घोषित टी20 वर्ल्ड कप खातिर भारतीय टीम पर चर्चा कइल आ चयन पs आपन विचार राखल।

Advertisement

टी20 वर्ल्ड कप खातिर भारतीय टीम घोषित होखला के बाद चीफ सेलेक्टर अजीत अगरकर आ कप्तान रोहित शर्मा प्रेस कॉन्फ्रेंस में हिस्सा लिहले। एह प्रेस कॉन्फ्रेंस में दुनु जाना कई सवालन के जवाब दिहले।

प्रेस कॉन्फ्रेंस के बड़ बात-

केएल राहुल के काहे ड्रॉप कइल गइल ?

अजीत अगकरकर कहले- हमनी के बीच में एगो खिलाड़ी के जरूरत रहे। केएल टॉप पs बल्लेबाजी कर रहल बाड़े। संजू अच्छा प्रदर्शन कइले आ इहाँ तक कि ऋषभ पंतो नंबर- 5 में बल्लेबाजी कर रहल बाड़े। अबकी बेर एह बारे में ना कि के बेहतर बा आ के ना, बाकिर पंत आ संजू निचला क्रम में बल्लेबाजी करे में अधिकास समय बितवले बा।

रिंकू सिंह के चयन काहे ना कइल गइल ?

अगरकर कहले, रिंकू सिंह कुछ गलत नइखन कइले। रिंकू के ड्रॉप कइल सबसे मुश्किल फैसला रहे। उनकर कवनो गलती नइखे। ई दुर्भाग्यपूर्ण है।

हार्दिक के फॉर्म चिंता के विषय नइखे ?

अजीत अगरकर ने कइले कि उऽ लंबा छुट्टी के बाद आइल बाड़े। एमआई के पहिला मैच से पहिले हमनी के लगे एक महीने से बेसी के समय बा। हम जानऽ तानी कि उऽ का लेके आवेले आ टीम के कतना संतुलन देवेले। सौभाग्य से उऽ एह आईपीएल में ठीक हो गइल बाड़े ।

का आईपीएल के आधार पऽ शिवम दुबे के चयन ?

कप्तान रोहित शर्मा कहले, हमनी के टॉप-ऑर्डर आक्रमक बल्लेबाजी करेला ई यह खराब बात नइखे। हमनी चाहत रहनी कि मिडिल ओवरों में केहू एह तरह के भूमिका निभावे आ फ्री होके खेले। हमनी आईपीएल में शिवम दुबे के प्रदर्शन के आधार पs उनकर चयन कइनी हऽ सन। हमनी एह विषय पs बात कइनी आ उनकर चयन कइनी।

चार स्पिनर आ तीन पेसर पऽ दांव काहे ?

रोहित शर्मा कहले हम निश्चित रूप से चार स्पिनर चाहत रहनी। हमनी के वेस्टइंडीज में ढेर क्रिकेट खेलनी सन। हमनी परिस्थितियन के जानऽ तानी आ मैच भोरे 10-10.30 बजे शुरू होई। एमें तनि तकनीकी पहलू शामिल बा। हम अबही सार्वजनिक रूप से एकर कारण नइखी बतावल चाहत । हार्दिक के तेज गेंदबाजी ऑलराउंडर के रूप में उतारल चाहत बानी। अक्षर आ जडेजा अच्छी बल्लेबाजीयो करेला आ कुलदीप आउर चहल आक्रमक स्पिनर बाड़न जवन हमनी के एगो निमन संतुलन देवेला।

Tags :
0Cricket NewsBccicricketCricket World CupIcc T20 World Cupindian cricket teamROHIT SHARMARohit Sharma (captain)
Advertisement
Next Article