For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND vs BAN T20: सेमीफाइनल में जगह पक्का करे पs होई भारतीय टीम के नजर, एह स्‍टार ऑलराउंडर के हो सकत बा छुट्टी

04:44 PM Jun 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ind vs ban t20  सेमीफाइनल में जगह पक्का करे पs होई भारतीय टीम के नजर  एह स्‍टार ऑलराउंडर के हो सकत बा छुट्टी
Advertisement

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क। टी-20 वर्ल्‍ड कप 2024 के 47वां मूकाबला में सनीचर के भारतीय टीम के सामना बांग्‍लादेश से होई। ई मुकाबला एंटीगुआ के सर विवियन रिचर्ड्स स्टेडियम में खेलल जाई। भारतीय टीम सुपर-8 के अपना पहिला मैच में अफगानिस्‍तान के 47 रन से मात देले रहे। अइसन में अब रोहित शर्मा के कप्‍तानी वाली टीम के कोसिस बांग्‍लादेश के हराके सेमीफाइनल में आपन जगह पक्का करे पs बा। बांग्‍लादेश के खिलाफ अहम मैच में रोहित शर्मा एगो बदलाव कs सकत बाड़ें।

Advertisement

संजू सैमसन के मिल सकत बा मवका

भारतीय टीम ग्रुप स्‍टेज में प्‍लेइंग 11 से कवनो छेड़छाड़ ना कइले रहे। एकरा बाद सुपर -8 के पहिला मैच में अफगानिस्‍तान के खिलाफ मोहम्‍मद सिराज के बाहर बइठावल गइल। उनका जगे कुलदीप यादव के अंतिम 11 में जगह दिहल गइल। अब बांग्‍लादेश के खिलाफ रोहित एगो आउर बदलाव कs सकत बाड़ें।

फॉर्म से जूझ रहल शिवम दुबे के जगह अनुभवी संजू सैमसन के मवका दिहल जा सकत बा। अमेरिका के विरुद्ध दुबे नाबाद 31 रन बनवले रहस। एकरा अलावे पूरा टूर्नामेंट में उनकर बल्‍ला खामोशे रहल बा। दूसरका ओर बांग्‍लादेश के टीम अपना प्‍लेइंग 11 में कवनो बदलाव नइखे कs सकत।

दुनो टीमन के संभावित प्‍लेइंग 11

बांग्‍लादेश: तंजीद हसन, लिट्टन दास (विकेटकीपर), नजमुल हुसैन शान्तो (कप्तान), शाकिब अल हसन, तौहीद हृदयोय, महमुदुल्लाह, महेदी हसन, रिशाद हुसैन, तस्कीन अहमद, तंजीम हसन साकिब, मुस्तफिजुर रहमान।

भारतीय टीम: रोहित शर्मा (कप्तान), विराट कोहली, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), सूर्यकुमार यादव, शिवम दुबे/संजू सैमसन, हार्दिक पांड्या, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, जसप्रीत बुमराह।

Tags :
Advertisement