For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

T-20 World Cup 2024: सेमीफाइनल खातिर अंपायर्स के भइल घोषणा, नितिन मेनन के सउपल गइल एह मैच के जिम्मेदारी

01:18 PM Jun 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
t 20 world cup 2024  सेमीफाइनल खातिर अंपायर्स के भइल घोषणा  नितिन मेनन के सउपल गइल एह मैच के जिम्मेदारी
Advertisement

टी-20 वर्ल्ड कप 2024 के दूसरका सेमीफाइनल मुकाबला में भारत आ इंग्लैंड के सामना होई। 27 जून के पहिला सेमीफाइनल मुकाबला साउथ अफ्रीका आ अफगानिस्तान के बीच बियफे के मुकाबला खेलल जाई। एही दिन दूसरका मुकाबला खेलल जाई। दुनो सेमीफाइनल मुकाबला खातिर अंपयार्स के घोषणा कs दिहल गइल बा।

Advertisement

बियफे के होखे वाला भारत आ इंग्लैंड के बीच सेमीफाइनल मुकाबला में मैदानी अंपायर न्यूजीलैंड के क्रिस गफ्फनी आ ऑस्ट्रेलिया के रॉडनी टकर होई। जोएल विल्सन एह मैच में टीवी अंपायर, जबकि पॉल रीफेल चउथा अंपायर होई। न्यूजीलैंड के जेफरी क्रो मैच रेफरी के भूमिका निभाई लो।

नितिन मेनन करिहें अंपायरिंग

ओहिजा, इंग्लैंड के रिचर्ड इलिंगवर्थ आ भारत के नितिन मेनन साउथ अफ्रीका आउर अफगानिस्तान के बीच होखे वाला पहिला सेमीफाइनल में मैदानी अंपायर होई लो। वेस्टइंडीज के रिची रिचर्डसन के एह मैच के मैच रेफरी नियुक्त कइल गइल बा।

पहिला स्थान पs रहल बा भारत

भारतीय टीम टी-20 वर्ल्ड कप में सानदार प्रदर्शन कs रहल बा। ऊ ऑस्ट्रेलिया के हराके सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई कइलें। भारत एह टूर्नामेंट में अब तक अजेय चल रहल बा आ उ ग्रुप चरण के बाद सुपर आठ में टॉप पोजिशन हासिल कइलें।

दूसरका तरफ, इंग्लैंड अमेरिका के हराके सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई कइले रहे। एकरा पहिले 2022 में दुनो टीमन के सामना अंतिम चार में भइल रहे, जहां इंग्लैंड के टीम जीत दर्ज कs फाइनल में जगह बनवले बिया। भारत ओह हार के बदला लिहल चाही।

Tags :
Advertisement