टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एकही कमरा में मल्टीपल डिवाइस के साथे वर्चुअल मीटिंग लिहल भइल अब आसान, Google Meet में जुड़ल एगो तगड़ा फीचर

02:39 PM May 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

गूगल अपना मीट (Google Meet) यूजर्स खातिर अडैप्टिव ऑडियो (Adaptive audio Feature) नांव से एगो नया फीचर पेश कइले बा। दरअसल एह फीचर से पहिले गूगल मीट के साथे एकही कमरा में मल्टीपल लैपटॉप आ डिवाइस के इस्तेमाल करे के साथे ऑडियो से जुड़ल परेशानी आवत रहे। अडैप्टिव ऑडियो फीचर के साथे साउंड इको आ मल्टीपल डिवाइस के साथे फीडबैक देवे के लेके परेशानी ना आई।

Advertisement

अडैप्टिव ऑडियो फीचर का हऽ

अडैप्टिव ऑडियो फीचर (Adaptive audio Feature) के साथे ऑडियो स्ट्रीम्स के स्मार्ट तरीका से मैनेज कइल जा सकी। गूगल मीट एकही लोकेशन पs मल्टीपल डिवाइस होखे के साथे ई ऑटो डिटेक्ट कऽ लिही।

एकरा बाद गूगल मीट पs सेम लोकेशन वाला डिवाइस के माइक्रोफोन आ सिंक्रोनाइज हो जाई। अइसन होखला के साथही सेम लोकेशन में होखला के बावजूद एह डिवाइस में इको-फ्री ऑडियो के सुविधा मिली।

फीचर के मदद से यूजर के काम होई आसान

एह नया फीचर के साथे कॉन्फ्ररेंस रूम भा मल्टीपल लैपटॉप इस्तेमाल होखे वाली स्पेस से मीट के आसानी से इस्तेमाल कइल जा सकी।

अडैप्टिव ऑडियो फीचर (Adaptive audio Feature) के साथे ऑप्टिमल ऑडियो पिकअप खातिर सिंगल लैपटॉप के साथे भीड़ लगावे के जरूरतो खत्म हो जाई।

अडैप्टिव ऑडियो फीचर कइसे होई इनेबल

दरअसल, अडैप्टिव ऑडियो फीचर (Adaptive audio Feature) एकही लोकेशन के साथे मल्टीपल डिवाइस होखे के ऑटो -डिटेक्ट करेला। एह फीचर के मैन्युअली इनेबल करे के जरूरत ना होई।

जइसही गूगल मीट एकरा के डिटेक्ट कऽ लिही यूजर के उनकी स्क्रीन पs एगो नोटिफिकेशन लउके लागी। यूजर के लैपटॉप स्क्रीन पs "Merged audio" एक्टिव होखे के जानकारी मिली।

बढ़िया के बात ई बा कि यूजर चाहस तऽ एह फीचर के डिसेबलो कर सकत बाड़े। बता दी, ई फीचर फिलहाल Gemini Enterprise, Gemini Business, Gemini Education, Gemini Education Premium plans के साथे Google Workspace कस्टमर खातिर रोलआउट कइल जा रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsgoogleGoogle meetgoogle newsKhabar bhojpuriTechnology Newstechnology news in bhojpuri
Advertisement
Next Article