टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

स्वाद यात्रा : जानी का हs ' निमोना '

12:19 PM Feb 19, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

यूपी पूर्वांचल के एगो खास व्यंजन में से एक ' नीमोना ' ताजा ताजा छेमी आ तनी मनी मसला से बन के तैयार होला। लटर पटर खाए मे चटपटा निमोना भात आ पराठा जउरे जोरदार लागेला । सबसे बड़हन बात लोग आजकल खाना gluten free खोजs तारे,लोग के सवास्थ के नजरिया से एकदम संपन बयंजन बा ।

Advertisement

मटर के निमोना 

जाड़ा मे पूर्वांचल के हर घर मे निमोना के जिकर मिलऽ जाई । लोग खूब पसन से आ चाव से खाला । निमोना ताजा ताजा छेमी (मटर) से तैयार मसलsदार, रसsदारऽ व्यंजन हs ।

मुख्यत जाड़ा मे बने के कारन इहे बा की मटर के फसल एही घरी होला । एकरा के भात, रोटी , पराठा जउड़ें बड़ा चाव से खाइल जाला।

वइसे निमोना उत्तर भारत के हर अंग मे अलगा - अलगा तरीका से बने ला, बाकी पूर्वांचल यूपी के किचेन मे एकर एगो अलगा अनोखा स्थान बा । हर जगहा के अलगा अलगा तरीका बा । कुछ लोग मटर के पीस के ओकर निमोना बनावे ले, आ कुछ लोग भींचो के,आ कहि कहि आधा पीस के आधा भींच के बनेला ।

इ व्यंजन समूचा रूप से साकाहारी आ ग्लूटेन फ्री बा,रउवा जदि वेगन बानी तबो आसानी से बना सकत बानी ।

मेजन ( Ingredients )

ताजा छेमी ( मटर ) , आलू ,नींबू , धनिया पत्ता , गरम मसाला,नून, पियाजऽ,लहसुन,आदि,टमाटर, तेजपात्ता,जीरा, घिउऽ

घिउs 

• पारंपरिक मटर के निमोना व्यंजन घिउs मे बनावल जाला बाकी जदि रउवा वेगन बानी तऽ घिउऽ के जगहा रउवा करुवा तेल के इस्तेमाल करी।

मसाला

•रउवा कुछ मसाला जइसे साबुत जिरा, बुकल गरम मसाला आ तेजपत्ता लागी ।

ताजा हरा मटर

• पारंपरिक रूप से निमोना ताजा ताजा हरा मटर से बनेला जवन के भारत मे खाली जाड़ा मे मिलेला , काहे की मटर जाड़ा के फसल हs। बाकी ताजा मटर नइखे मिलतs तऽ रउवा बजारऽ मे मिले वाला फ्रोजन मटर से जाड़ा गरमी बरसात कबो बना सकतs बानी ।

निमोना बनावे के तरीका

तैयारी

~एक किलो ले मटर छिल के ओकर दाना निकाल ली लमसम 2 कप दाना निकली ।

~ पियाज,टमाटर के कुचरी काट ली आ आदि लहसुन के हल्का कूच लिही।

~ कढ़ाई में एक चमच घीउs डाली आ गरम भइला पs ओह में मटर डाली ३-४ सेक्न्ड खातिर सौटे करऽ लिहि , अब आँच के धीमा करऽ दिही कढ़ाई के तोप के ८-१० मिनट ला छोड़ दिही ताकि मटर तनी नरम हो जावs।

~ अब आँच के बन्द करऽ दी।

~ आधा मटर के सिलवटs चाहे मिकसी मे पीस लिहि आ आधा मटर के चॉपर में भेंच लिहि ।

 

~ कढ़ाई में घिउऽ गरम करऽ के आलू के नीमन से भूज लिहि

~ आलू नीमन से सब तरफ से जब पाक जाव तऽ ओकरा के अजवार के अलगा रखऽ दी।

~ अब कढ़ाई मे फेनु से घिउऽ डाली गरम भइला पs जिरा डाल के चटकाई आ 2 गो तेजपत्तो डाली २-३ सेकंड ला चटका ली।

~ अब एक कप कटल पियाज़ डाल के चलाई, एक चमच कुचल आदि लहसुन डाली आ ३-४ मिनट ले चलावतs रही जबले पियाज के रंग ना बदल जावs।

~ अब एक कप कटल टमाटर डाली आ दू चमच हरियर मरीचा डाली आ हल्का नून डाली ताकि टमाटर अच्छा से पाक जाओ।

~अब पिसल-भींचल मटर, भूजल आलू स्वाद अनुसार नून 2 कप पानी डाल के मिला ली।

~ अब धिमा आंच पs १०- १२ मिनट ले पकाइ, आ बीच बीच में चलावsतो रही ।

~ अब अंत में आधा चमच गरम मसाला,1 चमच नींबू के रस, 2 चमच काटलs धनिया के पत्ता डाल के मिला ली।

~ अब जरूरत के अनुसार पानी मिलाई आ उबाली ।

~ अब आंच बंद करs के धनियां पत्ता डाल के

गरमा गरम रोटी भात संगे परोसी।

 

 

 

 

 

Tags :
Bhojpuri food newsCuisineFood RecipeindiaKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriMondayMonday special fastnimonaPepole Tasteuttarpradesh
Advertisement
Next Article