स्वाद यात्रा ; रोज़ रोज़ के सब्जी से बोर हो गइल बानी तऽ एकता त्रिपाठी जी के स्पेशल क्रीमी चीज वेजिस जरूर ट्राई करी, जानी पुरा रेसिपी
11:22 AM Jun 03, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement
जदी रउवा भी हर दिन के खाना से बोर हो चुकल बानी आ कुछ अलग आ अच्छा खाए के मन हो रहल बा तऽ खबर भोजपुरी के स्वाद यात्रा रउवा के घर बइठल रेस्टोरेंट स्टाइल स्वादिष्ट रेसिपी देवे ला आ गइल बा।
Advertisement
आज के ई खास रेसिपी हमनी के गोरखपुर के एकता त्रिपाठी जी से मिलल बा , जे होम मेकर के संगे-संगे होम बेकर भी बानी ।
आई जाने के स्पेशल क्रीमी चीज वेजीस के रेसिपी :
सामग्री (मेजन)
- बटर
- पनीर -२००gm
- स्टीम्ड राइस (भात) -२ कटोरी
- प्रोसेस्ड चीज - २ स्लाइस
- ओरिगेनो
- चिली फ्लेक्स
- नमक
- कॉर्न फ्लोर - 1 टेबल स्पून
- दूध - 1कप
- हरियर सब्जी ( मटर,शिमला मिर्च,प्याज,कॉर्न, ब्रॉकली,बेबी कार्न.. आपन पसंदीदा कोई भी सब्जी ले सकत बानी) ।
रेसीपी
- गर्म नॉन स्टिक पैन में तनिका सा बटर डाल पनीर के सेक लिही।
- ओरिगेनो,चिली फ्लेक्स,नमक पनीर पे स्प्रिंकल कs के उलट पुलट के निमन से सेक के पनीर के आंच से उतार साइड कs लिही।
- एगो पतीला में पानी गरम कs सब रफली चॉप्ड सब्जी के ब्लांच कs ली ताकि ओकर कचापन निकल जाए आ टेक्सचर तनी सॉफ्ट हो जाए।
- अब फेरू अपना नॉन स्टिक पैन के गर्म कर के मक्खन डाली आ एक एक कs के सब सब्जी के सोंटे कs लिही।अब आंच धीमा कs के रूम टेंप्रेचर पs रखल दूध के ओह में डाल के मिलाई।
- एगो कटोरी में आधा से तनी कम पानी लेके कॉर्न फ्लोर मिक्स कs लिही आ ओह के भी पैन में डाल दी ताकि सब्जी में थिंकनेस आवे ।
- सब्जी में उबाल आवे पs चीज के स्लाइस डाल दीही।
- स्वादानुसार ओरिगेन, चिल्ली फ्लेक्स, नमक मिलाके फ्लेम के बंद कs दीही।
सेकल पनीर आ भात के संगे सर्व करी आ अपना लोग के संगे आनंद लीही ई नया आ स्वादिष्ट रेसिपी के।
नोट ; फुल रेसिपी वीडियो रउवा एकता जी के यूट्यूब चैनल पs भी देख सकत बानी जवना से रउवा ई खास रेसिपी बनावे में सहूलियत होई।
<