टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

स्वाद यात्रा; रसमलाई रेसिपी: ऑल टाइम फेवरेट इंडियन डिजर्ट हs, पूर्वांचल के एगो स्वादिष्ट मिठाई हs

09:12 AM Apr 01, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

ताजा छेना से एकर बॉल्स बनाके एकरा के मलाई में भींगावल जाला। एह मजेदार मिठाई के रउवा सिम्पल सामग्री के संगे घरे प आसानी से बना सकेनी।

Advertisement

 

रसमलाई के सामग्री

3 पीस (एगो झाग देवे वाला उत्पाद जवना से छेना फूली।)रीठा

5-6 कप गाय के दूध

2 कप चीनी

3-4 ग्राम (खट्टा उत्पाद) टाटरी

1/2 टी स्पून कॉर्नफ्लोर

1/2 टी स्पून मैदा

केसर के लड़ी

गार्निश करे खातिर:

पिस्ता, हल्का उबलल

बादाम, हल्का उबलल

(बिना चीनी के कंडेन्सड मिल्क के 1 मिनट खातिर पकाइ) रबड़ी

 

रसमलाई बनावे के विधि

1. रीठा के खोलके काट ली, एकर बीज निकाल ली आ छिलके गर्म पानी में भिगा दीही।

 

2. एही दौरान तनी गर्म पानी क के पिस्ता के ब्लांच कर ली। एकरा के कुछ देर उबाल ली। एक बार जब स्किन नरम आ फूलल दिखे लागे त एकरा के आंच से उतार ली। एकरा ठंडा करके इ छील ली आ स्लाइस कर ली।

 

3.एही तरह बादाम के भी ब्लांच करे के बाद छील ली। जब ई ठंडा हो जाएं त एकरो के स्लाइस कर ली।

 

4.दूध के उबाल के छेना बनाइ। दूध के लगातार चलावत रही ताकि ऊ जले ना आ ना ही पैन में सटी।

 

5.एक बेर इ तइयार हो जाए त एकरा के ठंडा होखे दी

 

6. ऐही दौरान चाशनी भी बना लीही।

 

7. एगो पैन में बराबर मात्रा में पानी आ चीनी डाली।

 

8.जब चीनी पूरा तरह से घुल जाए त ई गाढ़ हो जाइ आ अब गैस के बंद कर दी।

 

9.एक बेर दूध ठंडा हो जाइ त 1 कप पानी में टाटरी मिक्स करके एहमें डाली।

 

10. एकरा के धीरे से दूध में डाली आ लगातार चलावत रही।

 

11.जब दूध फट जाई त एहमें बर्फ के ठंडा पानी डाली। एकरे बाद किनारा से दूध के इक्कठा करी।

 

12.मलमल के कपड़ा के मदद से एकरा दूध के छानके दोसर बर्तन में निकाल ली।

 

13. एकर सारा पानी निकाल ली।

 

14.छेना में कॉर्नफ्लोर आ मैदा मिलाके डो तइयार कर ली।

 

15. एकर छोट बॉल्स बनाके पतला कर ली।

 

16.अब रउवा के रसमलाई के सिरप बनावे के बा जवना में रसमलाई के डुबकाए के बा। एक कप से कम पानी में एक कप चीनी के डालके गर्म करी। एह बार चाशनी पहिले वाला चाशनी से ज्यादा गाढ़ होइ।

 

17.जब चाशनी में उबाल आवे लगे त एहमें 2 बड़े चम्मच रीठा पानी डाली।

 

18.अब रसमलाई के आराम से चाशनी में डाली।

 

19. एकरा के चलाइ जन । ना त रसमलाई टूट भी सकेला ।

 

20. एक बेर जब एहमें झाग आवल शुरू हो जाइ त चम्मच के मदद से एकरा के हल्का हाथ से दबाइ एहसे झाग दब जाइ आ रसमलाई ऊपर आ जाइ।

 

21. कुछ देर बाद एहमे तनी सा उबलल पानी डाली।

 

22. जब सारा झाग बइठ जाए त सब रसमलाई के निकले के बाद जवन पहिले चाशनी बनवले रही ओहमे डाल दी।

 

23. तनी सा दूध गर्म करी। याद रहे कि एकरा के उबाले के नइखे।

 

24. एहमें तनी सा केसर डाली।

 

25. सब रसमलाई के चाशनी से निकाल के दूध में डाली।

 

26. एकरा के अच्छह से मिलाइ आ निचोड़के प्लेट में निका

ल ली ।

 

27. रबड़ी पिस्ता आ बादाम से गार्निश करके सर्व करी।

 

Tags :
Bhojpuri khabarIndian desertKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriMonday specialrasmalaiSpecial Sweet DishSwad yatra
Advertisement
Next Article