For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

स्वाद यात्रा : चावल आ दाल से बनाई फरा, यूपी में खूब खाइल जाए वाला डिश, जानि फरा के रेसिपी

08:44 AM Apr 22, 2024 IST | Raj Nandani
स्वाद यात्रा   चावल आ दाल से बनाई फरा  यूपी में खूब खाइल जाए वाला डिश  जानि फरा के रेसिपी
Advertisement

Chana Dal Fara Recipe: चावल आ दाल से तैयार फरा एगो हेल्दी आ टेस्टी डिश ह । यूपी में फरा खूब बनेला आ खाइल जाला । ई ब्रेकफास्ट खातिर हेल्दी रेसिपी ह । आइ जाने के कइसे फरा बनेला

Advertisement

Urad Dal Rice Fara Recipe: चावल आ दाल से तैयार कइल फरा एगो स्वादिष्ट आ सेहतमंद डिश ह । एकरा के उत्तर प्रदेश में बहुत खाइल जाला । कुछ न कुछ बदलाव के संगे लगभग पूरा प्रदेश में फरा खाइल आ बनावल जाला । फरा बनावे में ज्यादा मसाला आ तेल में इस्तेमाल ना कइल जाला । एकरा के रउवा नाश्ता चाहे लंच में बनाके खा सकत बानी ।आइ जाने के फरा बनावे के विधि।

चावल के फरा बनावे के सामग्री

चावल के आटा- 250 ग्राम

उड़द दाल- 100 ग्राम

चना दाल- 50 ग्राम

हरी मिर्च- 4 कटी

अदरक के पेस्ट- 1 टीस्पून

लाल मिर्च पाउडर- 1 टीस्पून

हल्दी पाउडर- ¼ टीस्पून

धनिया पाउडर- 1 टीस्पून

जीरा- ½ टीस्पून

सरसों के दाने- ½ टीस्पून

घी- 2 टेबलस्पून

तेल- 1 टेबलस्पून

हरा धनिया- 3 टेबलस्पून कटा हुआ

स्वादानुसार नमक

चावल के फरा बनाने की रेसिपी

1-फरा बनावे के खातिर कवनो पैन में 1 कप पानी, 2 टेबलस्पून घी आ आधा टेबलस्पून नमक डाल के पानी के उबाल लिही

2- अब पानी के नीचे उतार ली आ एमे चावल के आटा डाल मिला दी । एकरा के तनी देर तोप के राख दीही।

3- चना आ उड़द दाल के रात में चाहे 4-5 घंटा खातिर भिगा दी । एकरे बाद पानी निकाल दरदरा पीस लीहि।

4- दाल में कटल हरियर मरीचा, अदरक के पेस्ट, लाल मिर्च, हल्दी, धनिया पाउडर, धनिया आ नमक फेट के मिलाइ।

5- ई फरा में भरे वाला दाल के स्टफिंग ह।

6- अब चावल के आटा के घी लगाइके तनी चिकना कर ली । जदी जरूरत लागे त तनी पानी भी डाल लीही।

7- आटा से छोट-छोट लोइ बना के पूरी नियन बेल लिही जदी किनारा फट जाए त एकरा कवनो गोल बर्तन से काट लिही

8- अब एहमें दाल के स्टफिंग भरी आ आधा से मोड़के चिपका दीही।

9- सब फरा एही तरे तैयार क लिही । अब पैन में पानी भरके उबाली आ ऊपर स्टीमर में फरा के रख दी आ धीमा आंच प तोप के भाप में पकाई।

10- तैयार फरा के रउवा अइसे ही चटनी के संगे खाइ चाहे एकरा काट के घीउ, जीरा, सरसों आ हरीयर मरिचा डालके फ्राई क लिही। आ फरा के अनोखा स्वाद के आनंद लीही।

Tags :
Advertisement