For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

टाटा फेर किनलस IPL के टाइटल राइट्स: 2028 तक टूर्नामेंट के स्पॉन्सर करी, एक सीजन खातिर ₹500 करोड़ दी

01:34 PM Jan 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
टाटा फेर किनलस ipl के टाइटल राइट्स  2028 तक टूर्नामेंट के स्पॉन्सर करी  एक सीजन खातिर ₹500 करोड़ दी
Advertisement

टाटा कंपनी एक बेर फेर इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) के टाइटल राइट्स किन लेलस। पांच साल के राइट्स कंपनी 2500 करोड़ रुपिया में किनलस, माने एगो IPL सीजन खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) के टाइटल स्पॉन्सर से 500 करोड़ रुपिया मिली।

Advertisement

एकरा पहिलहू टाटा के लगे IPL के टाइटल राइट्स रहे। कंपनी 2022 में 730 करोड़ रुपिया देके 2023 तक खातिर राइट्स किनले रहे।

आदित्य बिड़ला ग्रुप लगवलस 2500 करोड़ के बोली 

BCCI से टेंडर डॉक्यूमेंट किनला के बाद कंपनी बोली लवली सs। एमे आदित्य बिड़ला ग्रुप 2500 करोड़ रुपिया के बोली लगवलस। BCCI फेर पिछला स्पॉन्सर टाटा से पूछलस कि का उहो एतना बोली लगावे के तइयार बा। टाटा ग्रुप ने 2500 करोड़ के बोली लगवलस आ स्पॉन्सरशिप उनका मिल गइल।

एक महीना पहिले टेंडर जारी कइले रहे BCCI 

BCCI एक महीना पहिले IPL के टाइटल राइट्स बेचे खातिर टेंडर जारी कइले रहे। राइट्स किने में इंटरेस्टेड कंपनियन के BCCI से 5 लाख रुपिया के टेंडर डॉक्यूमेंट किने के रहे। जवना के आखिरी तारीख 8 जनवरी रहे। डॉक्यूमेंट किनला के बाद कंपनियन के [email protected] पs पेमेंट डिटेल्स भेजे के रहे।

चाइनीज कंपनी स्पॉन्सर नइखी सs कs सकत

BCCI अपना टेंडर डॉक्यूमेंट में साफ कs देले रहे कि चीन के कंपनी स्पॉन्सरशिप में बोली नइखी लगा सकत सs। भारत आ चीन के बीच बॉर्डर आ राजनीतिक विवाद के कारण BCCI चाइनीज कंपनियन से स्पॉन्सरशिप ना लेवे के फैसला कइलस। एकरा पहिले 2021 में चीन के टेक कंपनी वीवो IPL के टाइटल स्पॉन्सर रहल रहे।

Tags :
Advertisement