टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अमिताभ बच्चन के एह फिल्म में पहिला बेर दिखल रहे खतरनाक तात्या बिच्छू, बिग बी निभवले रहले तीन किरदार

01:29 PM Oct 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
तात्या बिच्छू
Advertisement

 

Advertisement

सत्तर आ अस्सी के दशक में अमिताभ बच्चन के नाम बॉलीवुड में मशहूर रहे। एंग्री यंग मैन के स्टाइल लोग के एतना प्रभावित कs देले रहे कि हर रोल में आपन सुपरस्टार पसंद करत रहले। हर बेर अपना प्रशंसकन के हैरान करे खातिर अमिताभ बच्चन भा उनुका फिलिमन के निर्माता कुछ नया आजमावत रहले. आज जवना सिनेमा के बात कs रहल बानी जा उहो अइसने एगो सिनेमा हs। जवना में अमिताभ बच्चन के ट्रिपल डोज रहे। एकरा संगे तात्या बिच्छू भी पहिला बेर एह सिनेमा में नजर अइले। का रउवा जानत बानी कि तात्या बिच्छू के हs?

तात्या बिच्छू के हवें?

अमिताभ बच्चन के एगो फिलिम 1983 में रिलीज भइल रहे जवना के नाम रहे महान. एह फिलिम में पहिला बेर तात्या बिच्चू नाम के एगो गुड़िया नजर आइल. जवन बाद में कई गो हॉरर फिलिमन के हिस्सा भी बन गइल। चौकोर चेहरा, बड़का नाक अवुरी सीधा गन्दा बाल वाली एs गुड़िया के फिल्म में मामूजी नाम से पेश कईल गईल। बाद में ई गुड़िया झपटलेला नाम के मराठी फिल्म में देखल गइल. एह फिलिम में लक्ष्मीकांत बर्डे वेंटोलॉजिस्ट के किरदार निभवले बाड़न. एकरा बाद एह गुड़िया के आधार पs अउरी कई गो सिनेमा बनल।

अमिताभ बच्चन के ट्रिपल रोल

एह शानदार फिलिम में अमिताभ बच्चन ट्रिपल रोल निभवले बाड़न. एह फिल्म में अमिताभ बच्चन पिता के किरदार में रहले. उनकर अपॉजिट वहीदा रहमान रहली जे अमिताभ बच्चन के नायिका रहली आ उनकर महतारी भी काहे कि अमिताभ बच्चन खुद दू गो भूमिका में रहले। जेकरा साथे जीनत अमान आ परवीन बाबी के जोड़ी बनल रहे। ओह घरी ई फिलिम काफी हिट भइल रहे. अमिताभ बच्चन के फिल्म के दर्शक खूब प्यार देले रहले। एकर कहानी अइसन रहे कि पिता अमिताभ बच्चन आपन आइडेंटिटी छिपावे खातिर कुछ योजना बनावत बाड़े। एही बीच उनकर दूनो बेटा में से एगो बेटा बचपन में अलग हो जाला।

 

 

Tags :
amitabh bachchanbollywoodMahaan MovieTatya Vinchu
Advertisement
Next Article