टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

देवरिया: विद्यार्थियन के अच्छा अंक ले आवे में सहजोग करे वाला शिक्षकन के भइल सम्मान

07:54 AM May 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

देवरिया के पी डी एकडमी में एगो समारोह के आयोजन कs के सीबीएसई बोर्ड के दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा में उत्कृष्ट प्रदर्शन करे वाला विद्यार्थियन के संगे शिक्षकन के सम्मानित कइल गइल।

Advertisement

समारोह के मुख्य अतिथि देवरिया के चेयरमैन नंद लाल जयसवाल रहलें। चेयरमैन अंग्रेजी में विद्यार्थियन के बढ़िया अंक देखके अंग्रेजी के अध्यापक नित्यनंद दूबे के सील्ड आ 5100 रुपिया देके सम्मानित कइलें। नित्यानंद दुबे कहलें कि ई सम्मान हमनी के विद्यार्थियन के लगन आ कठिन मेहनत के परिणाम हs।

एह दौरान प्रधानाचार्य नंदगोपाल पांडेय सब विद्यार्थियन, ओह लोगन के अभिभावकन आ स्कूल स्टाफ के बधाई देत बतवलें कि पिछला कइयन बरिसन से स्कूल के परिणाम बहुते अच्छा रहल बा।

समारोह में एकेडमी के सब शिक्षक आ विद्यार्थियन के संगे क्षेत्र के जानल-मानल लोग मवजूद रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsCBSE BoradDeoria NewsTeachers Awarded
Advertisement
Next Article