For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ग्राहकन के बल्ले-बल्ले! 27 सितंबर से सुरू होई Great Indian Festival सेल, अइसे लीं कम में जादे के फायदा

12:48 PM Sep 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ग्राहकन के बल्ले बल्ले  27 सितंबर से सुरू होई great indian festival सेल  अइसे लीं कम में जादे के फायदा
Advertisement

एह साल के मच अवेटेड अमेजन ग्रेट इंडियन फेस्विट सेल (Amazon Great Indian Festival sale) के लेके आखिरकार ग्राहकन के इंतजार खत्म हो गइल। अमेजन ग्रेट इंडियन फेस्टिवल सेल 27 सितंबर से सुरू हो रहल बा। ओहिजा, प्राइम यूजर्स खातिर ई सेल एक दिन पहिलही 26 सितंबर के सुरू हो रहल बा। एह सबसे बड़ सेल में रउआ मोबाइल आ एक्सेसरीज पs 40 प्रतिशत तक के छूट पा सकेम। एतनही ना, स्मार्ट टीवी पs 65 प्रतिशत तक के छूट मिली। जदि रउओ अमेजन सेल में किने के मन बना रहल बानी, तs रउआ के चार गो अइसन तरीका बतावे जा रहल बानी सs, जवन सेल में एक्स्ट्रा बचत खातिर राउर काम आई-

Advertisement

SBI Bank कार्ड के करीं इस्तेमाल

अमेजन में ऑनलाइन शॉपिंग खातिर रउआ SBI Bank कार्ड के इस्तेमाल करीं। अबकी बेर अमेजन एसबीआई कार्ड पs 10 प्रतिशत के इंस्टेंट डिस्काउंट ऑफर कs रहल बा। रउआ डेबिट भा क्रेडिट दुनो कार्ड के इस्तेमाल कs सकत बानी।

अमेजन पे रिवॉर्ड के लीं फायदा

एक्स्ट्रा डिस्काउंट खातिर अमेजन पे रिवॉर्ड रउआ कामे आई। सेल में खरीदारी कइला पs रउआ रिवार्ड मिली। एह रिवॉर्ड के कलेक्ट कs के रिडीम कs सकत बानी। होम किचन, फैशन, ब्यूटी खातिर रउआ डिस्काउंट कूपन पा सकेम।

अमेजन पे गिफ्ट कार्ड किनी 

एह सेल में अमेजन पे गिफ्ट कार्ड से खरीदारी कइला पs 10 प्रतिशत तक के डिस्काउंट ऑफर कइल जा रहल बा। मान लीं कि रउआ 2500 रुपिया के अमेजन पे गिफ्ट कार्ड किनत बानी तs साथ में 75 रुपिया के कैशबैक मिल जाई।

Amazon Pay UPI के करीं इस्तेमाल

सेल में Amazon Pay UPI के इस्तेमाल कs सकत बानी। अइसन करत बानी तs रउआ एक्स्ट्रा बचत कs सकेेम। Amazon Pay UPI के संगे 1000 रुपिया के मिनिमम ऑर्डर पs रउआ 100 रुपिया के कैशबैक पा सकेम।

Tags :
Advertisement