For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

WhatsApp कॉल अइला पs बाजी राउर मनपसंद गाना, अइसे सेट करीं रिंगटोन

10:54 AM Sep 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
whatsapp कॉल अइला पs बाजी राउर मनपसंद गाना  अइसे सेट करीं रिंगटोन
Advertisement

मेटा के पॉपुलर चैटिंग ऐप वॉट्सऐप के इस्तेमाल अब हर दूसरका स्मार्टफोन यूजर कs रहल बा। वॉट्सऐप चैटिंगे ना, कॉलिंग आ फाइल शेयरिंग के जरिया बा। नेट ऑन रहला पs तs बहुते लोग वॉट्सऐप पs कॉल कइल पसंद रहेला। वॉट्सऐप पs डिफॉल्ट रिंगटोन से बोर हो गइल बानी तs एकरा के बदले के विचार बना सकत बानी। जी हs, वॉट्सऐप के ओर से यूजर्स के प्लेटफॉर्म पs वॉट्सऐप कॉल रिंगटोन बदले के सुविधो मिलेला। राउर आपन फोन में मवजूद ऑडियो फाइल के इस्तेमाल वॉट्सऐप रिंगटोन खातिर कs सकत बा। एह आर्टिकल में रउआ वॉट्सऐप कॉल टोन बदले के प्रॉसेस के बारे में बता रहल बानी-

Advertisement

WhatsApp कॉल खातिर अइसे सेट करीं रिंगटोन

  • सबसे पहिले रउआ फोन पs वॉट्सऐप ओपन करे के होई।
  • अब ऐप के टॉप राइट कॉर्नर पs मेन्यू पs टैप करे के होई।
  • अब यहां Settings ऑप्शन पs टैप करे के जरूरत होई।
  • इहां रउआ Notifications ऑप्शन पs टैप करे के होई।
  • अब रउआ स्क्रॉल डाउन कs के Calls पs आवे के होई।
  • अब रउआ Ringtone ऑप्शन पs टैप करे के होई।
  • अब रउआ म्यूजिक भा ऑडियो फाइल पs टैप करे के होई।
  • इहां से राउर आपन मनपसंद गाना वॉट्सऐप रिंगटोन सेट करीं।

बता दीं, रउआ वॉट्सऐप पs कवनो स्पेसिफिक कॉन्टैक्ट खातिर एगो अलग रिंगटोन तक सेट कs सकत बानी-

  • एकरा खातिर सबसे पहिले वॉट्सऐप कॉन्टैक्ट के चैट पs आवे के होई।
  • अब रउआ कॉन्टैक्ट के टॉप बार पs टैप करे के  जरूरत होई।
  • अब इहां रउआ Notifications ऑप्शन पs टैप करे के होई।
  • इहां रउआ call के नीचे Ringtone के ऑप्शन मिली।
  • Ringtone ऑप्शन पs टैप करे के जरूरत होई।
  • अब इहां से रउआ आपन फाइल से सॉन्ग सेलेक्ट करीं।
  • सॉन्ग भा म्यूजिक सेलेक्ट कs के रिंगटोन सेट कs सकत बानी।
Tags :
Advertisement