टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Netflix, Amazon Prime Video आ Disney+Hotstar के फ्री में ले सकत बानी मजा, बस करवावे के होई Jio के ई रिचार्ज

11:59 AM May 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Netflix, Amazon Prime Video आ Disney Hotstar के फ्री में ले सकते हैं मजा, बस करवावे के होई Jio के ई रिचार्ज

Advertisement

ओटीटी प्लेटफॉर्म पs कंटेंट वॉच कइल ए घरी के ट्रेंड में शुमार हो चुकल बा। हालांकि, परेसानी तब आवेला जब Netflix, Amazon Prime Video, Disney Hotstar जइसन स्ट्रीमिंग सर्विस खातिर अलग से फी पs करे के जरूरत पड़त बा।

बहुते यूजर एकरा के एकस्ट्रा खर्चा मान के अपना एंटरटेनमेंट के जरूरत के खास अहमियत ना देवेला लो। यूजर्स के एही स्थिति के देखत टेलीकॉम कंपननी रिचार्ज प्लान के संगे ओटीटी के सर्विसो देवेला।

जदि रउआ जियो यूजर बानी तs रिचार्ज प्लान के संगही ओटीटी के मजा ले सकत बानी। एह आर्टिकल में जियो के कुछ प्लान के जानकारी दिहल जा रहल बा, जवना के संगे Netflix, Prime, Disney Hotstar के फ्री में इंजॉय कs सकत बानी-

जियो के सबसे सस्ता प्लान

ओटीटी सब्सक्रिप्शन के संगे जियो के सबसे सस्ता प्लान 398 रुपिया में आवेला। ई प्लान 28 दिन के वैलिडिटी के संगे आवेला। एह प्लान में 56 GB डेटा, अनलिमिटेड वॉइस कॉल, 100 एसएमएस के सुविधा मिलत बा।

एह प्लान में Netflix, Prime Video आ Hotstar तs ना, बाकिर Sony LIV के संगे JioTV के एक्सेस, ZEE5 आ 1 महीना खातिर JioCinema Premium subscription के सुविधा मिलेला।

जियो 857 रुपिया वाला प्लान

जियो के दूसरा प्लान 857 रुपिया में आवत बा। एह प्लान के वैलिडिटी 84 दिन बा। प्लान में 168 GB डेटा, अनलिमिटेड वॉइस कॉल, 100 एसएमएस के सुविधा मिलत बा।

प्लान में Prime Video Mobile Edition के 84 दिन के सब्सक्रिप्शन आ JioTV, JioCinema आउर JioCloud के सुविधा मिलेला ।

जियो के 1099 आ 1198 रुपिया वाला प्लान

जियो के तीसरा आ चउथा प्लान 1099 आ 1198 रुपिया में आवत बा। दुनो प्लान में 168 GB डेटा के सुविधा मिलत बा। प्लान 84 दिन के वैलिडिटी के संगे आवेला। प्लान अनलिमिटेड वॉइस कॉल, 100 एसएमएस के सुविधा मिलत बा।

1099 रुपिया वाला प्लान में Netflix Mobile के सुविधा मिलत बा। 1198 रुपिया वाला प्लान के संगे Prime Video, MobilDisney Hotstar Mobile (3 months) आ JioTV के सुविधा मिलत बा। दुनो प्लान में 84 दिन ले JioCinema Premium subscription मिलत बा।

Tags :
Amazon VideoBhojpuri NewsEntertainment NewsFree PackHotstarJio CinemanetflixTech Giude
Advertisement
Next Article