For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Smartphone चार्जिंग के दौरान भूलाइयो के मत करी अइसन गलत, ना तs बैटरी के होई भारी नुकसान

02:20 PM Dec 19, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
smartphone चार्जिंग के दौरान भूलाइयो के मत करी अइसन गलत  ना तs बैटरी के होई भारी नुकसान
Advertisement

स्मार्टफोन खातिर बैटरी एगो अहम हिस्सा होला। कइयन बेर हमनी के चार्जिंग के बेरा कुछ अइसन मिस्टेक्स कs रहल होनी सs। जवन फोन के परफॉर्मेंस पs बुरा असर डालेला। अइसन में ई गलती हमनी के भुलाइयो के ना करे के चाहीं। इहां कुछ अइसन मिस्टेक्स बतावे वाला बानी सs। जवन रउआ ना करेम तs बैटरी लमहर समय तक राउर साथ दी आईं एकरा बारे में जानल जाव।

Advertisement

1. कवनो चार्जर के मत करीं उपयोग

कइयन बेर होला कि हमनी के स्मार्टफोन चार्ज करे खातिर कवनो चार्जर के इस्तेमाल कs लेवेनी सs। जबकि अइसन कइला से बैटरी के परफॉर्मेंस पs बुरा असर पड़ेला आ ऊ आगे चलके हमनी के परेसानी में डाल देला। एकरा वजह से ओवरहीटिंग के प्रॉब्लम आवेला। अइसन में हमनी के फोन के खाली ओकरा असली चार्जर से चार्ज करे के चाहीं।

2. चार्जिंग के घरी मत करीं यूज

बहुत लोगन के आदत होला कि ऊ चार्जिंग के बेरा फोन इस्तेमाल करेला आ एकरा कारण फोन बहुत जादे गरम होखे लागेला। अइसन करे से बैटरी सही तरीका से काम ना कs पावेला। बैटरी के परफॉर्मेंस के सुचारू रूप से चलावे खातिर हमनी के फोन चार्जिंग के बेरा यूज ना करे के चाहीं।

3. चार्जिंग के दौरान कवर ना हटावल 

फोन के सिक्योरिटी खातिर हमनी के बैक कवर यूज करेनी स s। चार्जिंग के दौरान कोसिस करीं कि फोन के बैक कवर के रिमूव कs दीं। अइसन करे से फोन के संगे ओवरहीटिंग वाला प्रॉब्लम ना होला। चार्जिंग के समय कवर लागल होखला से फोन बहुत गरम होखे लागेला।

4. बैटरी खत्म होखला पs चार्ज कइल बड़ गलत

जब बैटरी फुल डिस्चार्ज होला तs हमनी के ओकरा के चार्ज करे के ख्याल आवेला। बाकिर ई गलती बैटरी के काम करे के तरीका के प्रभावित करेला। ए हिसे फोन के ओह घरी चार्जिंग पs लगा देवे के चाहीं। जब ऊ 15 से 20 प्रतिशत के लगे होखे।।

Tags :
Advertisement