टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Tech News: WhatsApp में आ रहल बा एगो अउरी नया फीचर, यूजर्स चुन सकेले डिफॉल्ट थीम

03:35 PM Aug 22, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

जदी फोन में डार्क मोड चालू बा तs व्हाट्सएप भी डार्क मोड में काम करी, बाकी नाया अपडेट के बाद फोन के थीम डार्क होखला पs भी व्हाट्सएप के थीम बदलल जा सकता।

Advertisement

मेटा के स्वामित्व वाला इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप व्हाट्सएप में एगो नाया फीचर आवे वाला बा, जवना के बाद यूजर ए ऐप खातीर डिफ़ॉल्ट थीम चुन सकेले। फिलहाल व्हाट्सएप के थीम यूजर के फोन सेटिंग के थीम पs निर्भर करता, बाकी नाया अपडेट के बाद अइसन ना होई।

जदी हमनी के एकरा के एगो उदाहरण के संगे समझेनी जा, जदी फोन में डार्क मोड चालू बा तs व्हाट्सएप भी डार्क मोड में काम करी, बाकी नाया अपडेट के बाद फोन के थीम डार्क होखला पs भी व्हाट्सएप के थीम बदलल जा सकता। WABetaInfo के रिपोर्ट के मुताबिक, व्हाट्सएप के ए फीचर के एंड्रॉयड के बीटा वर्जन 2.24.18.6 पs परीक्षण कइल जाता।

फिलहाल एकर अंतिम अपडेट कब रिलीज होई, ई बतावल मुश्किल बा। WABetaInfo एह फीचर के स्क्रीनशॉट भी शेयर कइले बा, जवना में दुगो अलग-अलग थीम के हरे रंग के संगे देखल जा सकता। हरियर रंग के बदल के करिया रंग के इस्तेमाल कइल जा सकेला । पछिला महीना व्हाट्सएप पs भी अइसने फीचर देखाई देलस।

Tags :
default settingsKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri officialNew Feature Updatetech news tech news Bhojpuri khabar bhojpuriTechnology Newswhat's aap update
Advertisement
Next Article