टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Olympic Games Paris 2024: Google बनवलस पानी में तैराकी वाला Doodle, Swimming बा आज के थीम

09:39 AM Aug 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

आज माने 6 अगस्त 2024 के पेरिस ओलंपिक के 11वां दिन हs। रोजाना के तरे आजो गूगल ओलंपिक खेलन खातिर एगो नया डूडल जारी कs देले बा। आज के डूडल Artistic Swimming खातिर बनावल गइल बा। एह डूडल में तीन बर्ड्स पानी में तैराकी करत नजर आ रहल बा लो। ओहिजा, दूसरका बड्स ऑडियंस के तरे कॉम्पटीटर्स के उत्साह बढ़ावत उनका के चीयर करत दिख रहल बा।

Advertisement

मालूम होखे कि एह दिनन गूगल पेरिस ओलंपिक खातिर रोज एगो अलग गेम पs डूडल जारी कs रहल बा। ई सिलसिला 26 जुलाई से सुरू भइल रहे।

पेरिस ओलंपिक खातिर पहिला गूगल डूडल

पेरिस ओलंपिक खातिर गूगल के ओर से पहिला डूडल ओलंपिक गेम्स के सुरुआत के जश्न मनावत पेश कइल गइल रहे। एकरा बाद हर रोज एगो नया डूडल जारी कइल जा रहल बा। बता दीं, पेरिस ओलंपिक अब अपना समाप्ति के नजदीक आ चुकल बा। पेरिस ओलंपिक के क्लोजिंग सेरेमनी 11 अगस्त के होई।

आर्टिस्टिक स्विमिंग खातिर आज के शेड्यूल

एह डूडल पs क्लिक कइला के संगही गूगल यूजर्स ओलंपिक खेल पेरिस 2024 खातिर कलात्मक तैराकी के शेड्यूल आ नतीजा चेक कs सकत बा लो। गूगल डूडल पs जानकारी दिहल गइल बा है कि ओलंपिक खेल पेरिस 2024 में Artistic swimming Technical routine पूरा हो चुकल बा। ओहिजा, Artistic swimming Free routine आज रात 11PM खातिर शेड्यूल भइल बा।

आज के गूगल डूडल के डिस्क्रिप्शन बा-कलात्मक तैराकी प्रतियोगियन के दिमाग में दुगो बात होला: तालमेल आ तइरल!

ओलंपिक में भारत खातिर आज के दिन

पेरिस ओलंपिक में भारत खातिर आज के दिन बहुते अहम मानल जा रहल बा। आज भारतीय हॉकी टीम सेमीफाइनल में जर्मनी के सामने उतरी। भारतीय हॉकी टीम के नजर फाइनल पs जगह बनावे पs टिकल होई। एही के संगे आज के दिन नीरज चोपड़ा के लेके खास होई। आज देस के फेर से मेडल के उम्मीद रही।

Tags :
Bhojpuri NewsGoogle's doodle dedicated to swimmingIndian ContingentNeeraj ChopraOlympics 2024Paris Olympic
Advertisement
Next Article