टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सारण से चुनाव लड़ सकत बाड़ें तेजप्रताप यादव... मां आ ससुर के मिलल रहे हार 

11:01 AM Oct 30, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा आ वन एवं पर्यावरण मंत्री तेज प्रताप यादव अपना बाबूजी के कर्म भूमि सारण लोकसभा क्षेत्र से चुनाव लड़ सकत बाड़ें। एही सीट से उनकर मां राबड़ी देवी आ ससुर चंद्रिका राय चुनाव हार चुकल बा लो।

Advertisement

ऊ आगे कहलें कि हमनी के लक्ष्य बा 2024 आ 2025 में इंडिया गठबंधन के झंडा के बुलंद करे के बा। जवना खातिर हमनी लागल बानी सs आ काम कर रहल बानी सs।

सारण सीट से आम चुनाव लड़ला के सवाल पs तेजप्रताप कहलें कि हमनी के तs अभी मंत्री बानी सs आ समय आई तs जरूर फाइट कइल जाई। लोगन के डिमांड होई तs उतरल जाई। पब्लिक के डिमांड पs अच्छा-अच्छा नेता उभर के आवेला लो।

तेजप्रताप छपरा में राम भरत मिलाप कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि सामिल भइलें।

4 बार लालू जीतलें, 2014 में राबड़ी देवी हरलें, 19 में चंद्रिका राय

छपरा लोकसभा क्षेत्र लालू के कर्म भूमि रहल बा। ऊ इहां से 4 बार सांसद रहल रहलें। संगही केंद्र सरकार में रेलमंत्री रहलें।  लालू यादव खातिर छपरा आ आसपास के क्षेत्र गढ़ मानल जाला।

लालू यादव के जेल गइला के बाद एह सीट पs लगातार हार के सामना करे के पड़ रहल बा। 2014 में राबड़ी देवी सारण सीट से चुनाव हार गइल रहली।

2019 में लालू यादव अपना समधी आ तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय पs विश्वास जतवलें बाकिर उनहूं के हार के सामना करे के पड़ल। अब 2024 के चुनाव में राजद के तरफ से उम्मीदवारी के लेके उहापोह के इस्थिति बा।

मंच से बजवलें बांसुरी

अतवार के देर सांझ तेज प्रताप यादव राम भरत मिलाप कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि के रूप में पहुंचल रहस। कार्यक्रम के आयोजन छपरा के भगवान बाजार थाना क्षेत्र के भरत मिलाप चौक पs भइल रहे। कार्यक्रम के दौरान ऊ मंच से बांसुरी बजाके लोगन के मनोरंजन कइलें। बांसुरी के धुन सुनके लोग बहुते रोमांचित भइल।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsChandrika RaiChhapra NewsLalu Prasad YadavRabri DeviSaran Loasabha ConstituencyTejpratap Yadav
Advertisement
Next Article