For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Tejashwi Yadav : 'चाचा ना पलटल रहते तऽ...', मंच पऽ तेजस्वी के आइल नीतीश कुमार के इयाद; BJP खातिर कह देले ई बात

10:46 AM Apr 15, 2024 IST | Sonu Kishor
tejashwi yadav    चाचा ना पलटल रहते तऽ      मंच पऽ तेजस्वी के आइल नीतीश कुमार के इयाद  bjp खातिर कह देले ई बात
Advertisement

Bihar Political News Today बिहार के पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव ए घरी चुनाव प्रचार में व्यस्त बाड़े। एही बीच उऽ लगातार बिहार के सीएम नीतीश कुमार के जिक्र कर रहलऽ बाड़े। उऽ फेर मंच पऽ अचानक नीतीश कुमार के इयाद कर लेले। एकरा साथही तेजस्वी नवादा में भाजपा प्रत्याशी के बाहरी होखे के मुद्दा उछलले। एकरा के लेके उऽ भाजपा पऽ जमके हमला बोलले।

Advertisement

पूर्व उप मुख्यमंत्री व राजद नेता तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) ने कहले कि आइएनडीआइए गठबंधन के सरकार बनला पऽ बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिलाइब। एक करोड़ युवा सन के नौकरी देहल जाई।

उऽ कहले कि मात्र 17 महीने में पांच लाख नौकरी दिआइल, चाचा ना पलटल रहते तऽ दस लाख नौकरी दिआइत। दू सौ यूनिट बिजली निशुल्क मिली। पांच सौ रुपये में रसोई गैस के सिलेंडर मिली। दस फसल पऽ एमएसपी मिली। अर्धसैनिक बलन के शहीद के दर्जा दिहल जाई।

उऽ कहले कि आज देश के सबसे बड़ दुश्मन बेरोजगारी, महंगाई, शिक्षा आ गरीबी बनल बा, जबकि भाजपा (BJP) सरकार एपर बात नइखे करत। एने - ओने के मुद्दन पऽ बात कऽ के लोगन के ध्यान भटकावत बिया। एकरा से सावधान रहला के जरूरत बा।

लोगन के संबोधित करत रहले तेजस्वी

उऽ ऐतवार के औरंगावाद संसदीय क्षेत्र के राजद (RJD) प्रत्याशी अभय कुमार सिन्हा के पक्ष में इमामगंज प्रखंड के जमुना मैदान आ नवादा संसदीय क्षेत्र के राजद प्रत्याशी श्रवण कुमार के पक्ष में कौआकोल प्रखंड के बापू इंटर विद्यालय पाण्डेय गंगौट के मैदान में जन सभा के संबोधित करत रहले।

तेजस्वी कहले कि लालू प्रसाद गया से डाल्टनगंज रेलवे लाइन के सर्वक्षेण करवले रहले, जवना के नरेन्द्र मोदी के सरकार पूरा ना कइलस। उऽ 17 माह के शासनकाल में टोला सेवकन, आशा, आंगनबाड़ी सेविका लो के मानदेय दोगुना कर देले। अस्पतालन में सुधार कइले। तेजस्वी जवन कहेला, उऽ करेला।

तेजस्वी भाजपा प्रत्याशी के बाहरी होखे के मुद्दा उछलले

उऽ कहले कि आज संविधान बचावे के जरूरत बा। नवादा में उऽ भाजपा प्रत्याशी के बाहरी होखला के मुद्दा उछलले। उहे, वीआइपी सुप्रीमो मुकेश सहनी कहले कि केंद्र के सरकार जनविरोधी हीय।

जमुई में झाझा एलजीएस उच्च विद्यालय में महागठबंधन प्रत्याशी अर्चना रविदास के पक्ष में चुनावी सभा के संबोधित करत पूर्व उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) कहले कि भाजपा जमुई के प्रयोगशाला बना देले बिया। हर चुनाव में प्रत्याशी बदल रहल बिया।

ए बेरी भाजपा बाहरी के उऽ टिकट देले बिया, जबकि राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद (Lalu Yadav) इहाँ के बेटी अर्चना रविदास के टिकट देले। उऽ कहले कि 10 साल में जमुई के विकास ना भइल आ नाही बेरोजगारी दूर भइल।

झाझा में कल-कारखाना लागल, ना लागल ? मोदी वादा कइले रहले कि सरकार बनी तऽ लोगन के नौकरी दिहे। साथही प्रत्येक आदमी के खाता में 15-15 लाख रूपिया जमा होई, बाकिर अइसन कुछ ना भइल। उऽ कहले कि रामनवमी आ रहल बा। भाजपा वाला तलवार बांटे के काम करिहें, जबकि हमनी के कलम बांटे के काम कर रहल बानी सन। कलम मिली तऽ युवा लो के नौकरी मिली। पूरा परिवार खुशहाल में जीवन बिताई। तलवार चली तऽ लोग जख्मी होई, पुलिस पकड़ के जेल भेज दी।

Tags :
Advertisement