For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Tejashwi Yadav : मुसलमानन के आरक्षण पऽ अब तेजस्वी देले बवाल मचावे वाला रिएक्शन, कहले - BJP सरकार से बार-बार...

11:13 AM May 08, 2024 IST | Sonu Kishor
tejashwi yadav   मुसलमानन के आरक्षण पऽ अब तेजस्वी देले बवाल मचावे वाला रिएक्शन  कहले   bjp सरकार से बार बार
Advertisement

Bihar Politics बिहार के पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव मुस्लिम आरक्षण पऽ बयान देले बाड़े। एही दौरान उऽ भाजपा पs निशाना सधले बाड़े। तेजस्वी के बयान लालू यादव के बाद आइल बा। आरक्षण के साथही भाजपा दलित पिछड़ा आदिवासी गरीब आ बहुजन विरोधीयो बिया। तेजस्वी के नया बयान से बिहार में सियासी हलचल तेज हो गइल बा।

Advertisement

मुसलमानन के आरक्षण के मामला पs राजद प्रमुख लालू प्रसाद के बयान अइला के बाद अब नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के आरक्षण के सबसे बड़ विरोधी बतवले हऽ। उऽ कहले कि आरक्षण के साथही भाजपा दलित, पिछड़ा, आदिवासी, गरीब आ बहुजन विरोधीयो बिया।

नेता प्रतिपक्ष मंगर के कहले कि बिहार में मात्र 17 महीना में महागठबंधन के सरकार में हमनी के नेतृत्व में सरकार राजद (RJD) के सामाजिक न्याय, नीति आ प्रतिबद्धता के चलते देश में पहिला बेर जाति आधारित गणना करवलस आरक्षण सीमा बढ़ा के 75 प्रतिशत करे के ऐतिहासिक काम कइलस।

अबही ले एकरा के नौंवां अनुसूची में शामिल ना कइल गइल- तेजस्वी यादव

Bihar News उऽ कहले कि हमनीये के पहले पs  बिहार कैबिनेट राज्य सरकार के नौकरी आ शैक्षणिक संस्थानन में वंचित जातियन के आरक्षण 50 प्रतिशत से बढ़ा के 65 प्रतिशत करे के संबंधी संशोधित प्रविधानन के संविधान के नौवां अनुसूची में शामिल करे खातिर केंद्र के मोदी सरकार से बार-बार अनुरोध कइलस , बाकिर आरक्षण विरोधी भाजपा सरकार गलत मंशा के चलते अबहि ले एकरा के नौंवां अनुसूची में ना शामिल कइलस।

तेजस्वी कहले कि मोदी सरकार देशभर में जाति आधारित गणना करावे के हमनी के प्रस्ताव के कबहू स्वीकृतिए ना देलस, बल्कि एकरा के रुकवावे खातिर देश के सालिसिटर जनरलो के सुप्रीम कोर्ट में खड़ा कइलस। एह बातन से स्पष्ट होला कि भाजपा (BJP) आ मोदी सरकार आरक्षण आ वंचित वर्गन के उत्थान के घोर विरोधी बिया।

Tags :
Advertisement