टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Tejashwi Yadav : नीतीश कुमार फेर मरिहें पलटी? तेजस्वी के नया बयान से बिहार में मचल खलबली, CM के दे देले खुला ऑफर

02:14 PM May 28, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar Politics बिहार में लोकसभा चुनाव के रिजल्ट से पहिले पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव बड़ बयान दे देले बाड़े। उऽ सीएम नीतीश कुमार के बड़ ऑफर देले बाड़े। उऽ कहले कि चार जून के बाद पिछड़न के राजनीति आ पार्टी बचावे खातिर चाचा कवनो फैसला ले सकऽ ताड़े । एह बयान से राजनीतिक सरगर्मी तेज हो गइल बा।

Advertisement

तेजस्वी मीडिया से बात करत घरी कहले कि हमार चाचा जवन बाड़े, पिछड़न के राजनीति आ आपन पार्टी के बचावे खातिर चार जून के बाद कवनो बड़ फैसला ले सकऽ ताड़े। एह घरी नीतीश कुमार लगातार ई कह रहल बाड़े कि अब उऽ एने - ओने कहीं ना जइहें, एह बीच तेजस्वी के अइसन बयान कई तरह के संकेत देता।

कुछे महीना पहिले नीतीश तुड़ले रहले राजद से नाता

नीतीश कुमार कुछे महीना पहिले गड़बड़ी के आरोप लगावत राजद (RJD) के साथ छोड़ देले रहले। एकरा बाद भाजपा के साथे बिहार में सरकार बनवले। एकरा पहिले बिहार के नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मोदी सरकार पs एक बार फेर लोगन के बहलावे के आरोप लगवले रहले।

उऽ अपना एक्स पs लिखले कि पहिले मोदी जी लोगन के बहलावत (एम्यूज) रहले। ओकरा बादो बात ना बने तऽ दुरुपयोग (मिसयूज) करेले। आ जदि छात्र, नौजवान, रोजगार, नौकरी भर्ती मांगी तऽ ओकर अधिकार देवे से साफ इंकार (रिफ्यूज) कऽ के पुलिस के लाठी से उनका लो के मांग से इंकार (डिफ्यूज) कऽ देवेले।

Tags :
Bihar CM Nitish Kumarbihar newsbihar politicsKhabar Bhojpuri NewsNitish Kumar GovernmentPoltics News BiharRJD BIHARTejshwi yadav
Advertisement
Next Article