टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नोएडा SSP के फर्जी मोहर लगा के करत रहले टीनेंट के वेरिफिकेशन, तीन आरोपियन के पुलिस पकड़लस

12:29 PM Aug 09, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

नोएडा में एसएसपी के फर्जी सील के माध्यम से सत्यापन धोखाधड़ी के मामला सोझा आइल बा। पुलिस एह मामला में तीन आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। पुलिस आयुक्त के जगह एसएसपी के मोहर के इस्तेमाल के चलते आरोपी के आसानी से पकड़ल संभव हो गइल।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के नोएडा में एसएसपी के फर्जी सील के मामला सोझा आइल बा। किरायेदार आ नौकरानी के फर्जी पुलिस सत्यापन करावे वाला तीन लोग के एक्सप्रेसवे पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया। इ लोग सत्यापन पs पुलिस आयुक्त के जगह एसएसपी के मोहर के इस्तेमाल कइले, एहीसे पकड़ा गइले। गिरफ्तार आरोपी में रजनीश चौहान (मंगरौली), राहुल चौहान (छप्रौली), अमित कुमार (मंगरौली) शामिल बाड़े। इ जालसाज लोग से फॉर्म खाती 50 रुपया अउरी सत्यापन खातिर 400 रुपया लेत रहले। अबही ले 130 से अधिक लोग के धोखा देले बाड़े।

धोखाधड़ी के आरोपी के लगे से तीन लैपटॉप, एसएसपी के सील, दू गो मोबाइल, 32 खाली फॉर्म, 130 लोग के पुलिस सत्यापन फार्म बरामद भइल बा। छपरौली गांव में आरोपी कार्यालयो बनवले बाड़े। इ लोग एजेंट के माध्यम से किरायेदार आ नौकरानी से संपर्क कऽ के एक से दु दिन में पुलिस सत्यापन के तैयारी करत रहले। डीसीपी राम बदन सिंह कहले कि शहर में किरायेदार अउरी घरेलू कामगार के पुलिस सत्यापन के अपडेट कइल जाता। एह दौरान एगो बड़हन खुलासा भइल।

डीसीपी बतवले कि पुलिस सत्यापन प्रक्रिया के तहत जब सेक्टर 168 लोटस जिंग सोसाइटी के कर्मचारी से जानकारी लिहल गइल तऽ फर्जी पुलिस सत्यापन के मामला सोझा आइल। कर्मचारी बतवले कि कागजात छपरौली गांव के एगो दोकान से बनल रहे। जब पुलिस अधिकारी ग्राहक के रूप में दोकान पs पहुंचले तऽ बदमाश उनका से कहले कि पइसा दे दीं ओकरा बाद सत्यापन हो जाई। एकरा बाद पुलिस तुरंत तीनों के गिरफ्तार कऽ के थाना ले आइल। पुलिस अपना नेटवर्क अउरी एसएसपी के मुहर के बारे में जानकारी जुटाव तिया।

Tags :
Bhojpuri crime newscrimeKhabar Bhojpuri NewsNoidaup policeUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article