टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: कोचिंग संचालक आपन कार से तीन दोस्तन से पहिले एगो कार के भी मरलस टक्कर-दर्ज होई केस

01:10 PM Mar 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

अतवार के रात रामनगर चौराहा पs जाहिदाबाद के तीन दोस्त के अपना कार से टक्कर मारे वाला कोचिंग संचालक गोरखनाथ ओवरब्रिज पs भी एगो कार के जोरदार टक्कर देले रहले। पीड़ित कार मालिक सोमार के सांझ गोरखनाथ थाना पहुंच के कोचिंग संचालक सूर्य प्रताप सिंह के खिलाफ शिकायत दर्ज करवले। पुलिस दोषी हत्या के मामिला में एs मामिला के भी शामिल करी।

Advertisement

सुभाष चंद्र बोस नगर कालोनी में रहे वाला रणविजय चंद गोरखनाथ थाना के दिहल शिकायत में लिखले बाड़न कि अतवार के रात ऊ धर्मशाला बाजार से गाड़ी से अपना घरे लवटत रहले। गोरखनाथ ओवरब्रिज पs पीछे से आईल तेज रफ्तार बेलेनो कार उनुका गाड़ी से जोरदार टक्कर मार देलस।

उ लोग ओकरा के रोके के कोशिश कईले लेकिन ड्राइवर गाड़ी के संगे तेजी से चल गईल।हालांकि एs दौरान उ गाड़ी के नंबर नोट कईले। बाद में पता चलल कि उहे कार चालक रामनगर चौराहा पs चलत तीन दोस्त के भी कुचल देले। एह बारे में ओह लोग के ओह घटना के सीसीटीवी फुटेज वायरल भइला के बाद पता चलल।

सीओ गोरखनाथ योगेन्द्र सिंह बतवले कि रणविजय के कार से टकरा के सूर्य प्रताप रामनगर चौराहा पs लंच कs के टहले निकलल जाहिदाबाद कालोनी निवासी मोईन, अकील अहमद अवुरी ताहिर हुसैन के कुचल देले रहले। एह घटना में मोइन आ अकील के मउत हो चुकल रहे। ताहिर के सावित्री अस्पताल में इलाज चलता।

 

 

 

 

 

 

Tags :
coaching directorcrimeCrime Newsgorakhpur newsGorakhpur News in Bhojpuri
Advertisement
Next Article