टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

2029 में हो सकत बा देश में एक साथे चुनाव, जानी का होई एकर फायदा

05:34 PM Feb 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

One Nation, One Election: एक राष्ट्र, एक चुनाव के पीछे तर्क दिहल जा रहल बा कि एकरा से चुनाव पऽ खरच होखे वाला राशी में काफी कमी आ जाई। रिपोर्टों के अनुसार, बरिस 2019 के लोकसभा चुनाव में 60,000 करोड़ रूपिया खरचा भइल रहें।

Advertisement

One Nation, One Election : कहल जा सकत बा कि भारत में चुनाव के केंद्रीकृत व्यवस्था मजबूती के ओर बढ़ल रहल बा। जदि सबकुछ ठीक-ठाक रहल तऽ 2029 में एक राष्ट्र, एक चुनाव के योजना अमल में आ सकत बिया। एकरा के लेके काम तेजी से चल रहल बा। कहल जा रहल बा कि विधि आयोग संविधान में एक राष्ट्र, एक चुनाव पऽ एगो अध्याय जोड़े आ मई-जून 2029 ले देशभर में चुनाव करावे के सिफारिश कर सकत बा। एमें लोकसभा, विधानसभा, स्थानीय निकायों के चुनाव शामिल होई।

One Nation, One Election : संविधान में करे के पड़ी संशोधन

देश में एक राष्ट्र, एक चुनाव करावे खातिर संविधान में संशोधन करे के पड़ी। कहल जा रहल बा कि जस्टिस (सेवानिवृत) ऋतुराज अवस्थी के अध्यक्षता वाला आयोग एक साथ चुनावों पर नया अध्याय जोड़े खातिर संविधान में संशोधन के सिफारिश करी। आयोग अगिला पांच बरिस में तीन चरनन में विधानसभा के कार्यकाल के एक साथे करे के सिफारिश करी, ताकि चुनाव 19वां लोकसभा के चुनाव के साथे हो सकें।

एक साथे चुनाव होखला से फायदा 

रऊआ मन में ई सवाल उठत होई कि आखिर One Nation, One Election के जरूरत काहे पड़ रहलऽ बा। एकरा से देश के कऽ फायदा होई, तऽ आई एकरा बारे में हम रऊआ के विस्तार से बतावत बानी। दरअसल, एक राष्ट्र, एक चुनाव के पीछे इहे तर्क दिहल जा रहल बा कि एकरा से चुनाव पऽ खरच होखे वाला राशि में काफी कमी आ जाईं।

का कहत बा रिपोर्ट

रिपोर्टों के अनुसार, बरिस 2019 के लोकसभा चुनाव में 60,000 करोड़ रूपिया खरच भइल। ए राशि में चुनाव लड़े वाला राजनीतिक दलन के ओर से खरच कइल गइल राशि आ चुनाव आयोग ऑफ इंडिया (ECI) के ओर से चुनाव करावे में खरच कइल गइल राशि शामिल बा। उहें, 1951-1952 में भइल लोकसभा चुनाव में 11 करोड़ रूपिया के खरच भइल रहें। एही संबंध में लॉ कमीशन का कहनाम रहें कि अगर 2019 में लोकसभा आ विधानसभा चुनाव एक साथे करावल जाई तऽ 4,500 करोड़ के खरचा बढ़ी। दूसरका तर्क इहो दिहल जा रहल बा कि एकरा से देश में प्रशासनिक व्यवस्था में दक्षता बढ़ी।

Tags :
2029 chuanvBjpChief Election Commissionelection commissionElection Commission Of Indiaelection newsMayor Election NewsNikay Chunav
Advertisement
Next Article