टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

GORKHPUR: भिखारी ठाकुर पऽ केंद्रित रहल नाटक 'बटोही'

08:26 AM Jul 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

GORKHPUR: एमेच्योर थिएटर ग्रुप आ रैम्पस स्कूल के संयुक्त तत्वावधान में एतवार के भोजपुरी के महान कलाकार भिखारी ठाकुर के जीवन पऽ आधारित नाटक 'बटोही' के मंचन रैम्पस स्कूल, शाहपुर के प्रेमचंद सभागार में कइल गइल।

Advertisement

एगो कलाकार के निर्माण आ जीवन के संघर्ष के कहानी समझावत इ नाटक भोजपुरी के नाटककार भिखारी ठाकुर पऽ केंद्रित रहल जवन जातीय दुर्व्यवस्था, स्त्रियन के दुख आ तात्कालिक समाज के अनेक विसंगतियन के प्रभावशाली चित्रण रहे। मुख्य भूमिका में आदित्य राजन, रितिका सिंह, मीरा सिकदार, शरद श्रीवास्तव आ शशि शेखर राय अपना अभिनय से सभकर मन मोहलें। अलग - अलग भूमिका में नंदाराम जाट, मुकेश प्रान, विदिशा, लक्ष्मी, शिवतोष, कृष्ना, कन्हैया, अमित, त्रिपुरारी पाण्डेय, प्रियंका, प्रिया, साक्षी मौजूद रहले। नाटक के पार्श्व में अंजना लाल, सूर्याशु राहुल, पवन, मनीष सहयोग देले। हृषिकेश सुलभ के कलम से लिखल एह नाटक के निर्देशन आसिफ जहीर कइले। एह अवसर पऽ रैम्पस स्कूल के डायरेक्टर विनीता श्रीवास्तव, प्रदीप सुविज्ञ, विवेक श्रीवास्तव, रवींद्र रंगधर, निशिकांत पाण्डेय, श्रीनारायण पाण्डेय, मानवेन्द्र त्रिपाठी मौजूद रहले।

Tags :
Baba bhikhari thakurBatohiyaBhikhari Thakurbhikhari thakur life journeyGorkhpur news
Advertisement
Next Article