शोधपीठ के त्रैमासिक ई-पत्रिका गोरख पथ के पांचवा संस्करण के कुलपति प्रो. पूनम टंडन कइली विमोचन
दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर स्थित महायोगी गुरु श्रीगोरक्षनाथ शोधपीठ के त्रैमासिक ई-पत्रिका गोरख पथ के द्वितीय वर्ष के चतुर्थ अंक के विमोचन प्रो. पूनम टण्डन, मा. कुलपति, दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर के द्वारा कइल गइल । कुलपति प्रो. पूनम टंडन पिछला वर्ष से लगातार प्रकाशित हो रहल एs पत्रिका के सराहना करत कहली कि ई पत्रिका शोधपीठ के गतिविधियन के महत्वपूर्ण दस्तावेज हs। शोधपीठ के उपनिदेशक डा. कुशलनाथ मिश्र बतवले कि एs अंक में अक्टूबर, नवम्बर आ दिसम्बर माह में शोधपीठ में भइल कार्यक्रमन के विस्तार से समेटल गइल.
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’
शोधपीठ के शैक्षणिक आ शोध गतिविधियन से युक्त एs पत्रिका के विश्वविद्यालय आ शोधपीठ के आधिकारिक वेबसाइट पs पढ़ल जा सकता। एs अवसर पs ई-पत्रिका के सम्पादक महायोगी गुरु श्रीगोरक्षनाथ शोधपीठ के उप निदेशक डॉ. कुशलनाथ मिश्र, सह सम्पादक शोधपीठ के सहायक निदेशक डॉ. सोनल सिंह, रिसर्च एसोसिएट डॉ. सुनील कुमार आ वरिष्ठ शोध अध्येता डॉ. हर्षवर्धन सिंह उपस्थित रहले.
इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन