For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND vs ENG: पांचवां टेस्ट के पहला दिन रहल भारत के नावे, कुलदीप के घातक गेंदबाजी के बाद रोहित-यशस्वी के बरपल कहर

06:03 PM Mar 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ind vs eng  पांचवां टेस्ट के पहला दिन रहल भारत के नावे  कुलदीप के घातक गेंदबाजी के बाद रोहित यशस्वी के बरपल कहर
Advertisement

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांचवां आ आखिरी टेस्ट मैच धर्मशाला में खेलल जा रहल बा। पहिला दिन स्टंप्स तक भारत एक विकेट खोके 135 रन बना लेले बा। एकरा पहिले भारतीय स्पिनर्स इंग्लैंड के पहिला पारी 218 रन पs समेट दिहल लो। कुलदीप यादव घातक गेंदबाजी करत पांच विकेट चटकवलें। ओहिजा, अश्विन के चार विकेट मिलल।

Advertisement

इंग्लैंड के कप्तान बेन स्टोक्स टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले रहस। इग्लैंड के सुरुआत अच्छा रहल। 64 के स्कोर पs पहिला विकेट गिरल। बेन डकेट 27 रन बनाके कुलदीप यादव के पहिला शिकार बनलें। एकरा बाद तs जइसे विकटन के एगो झड़ी लाग गइल। ओली पोप (11) कुलदीप यादव के दूसरका शिकार बनलें।

स्पिनर्स मिलके लिहल लो 10 विकेट

हालांकि, एक छोर पs टिकल जैक क्रॉली अर्धशतक पूरा कइलें। ऊ शतक के ओर बढ़ते रहलें कि कुलदीप यादव भारत के तीसरका सफलता दिलवलें। कुलदीप क्रॉली के 79 के स्कोर पs क्लीन बोल्ड कs देलें। बेयरस्टो के 29 के स्कोर पs आउट कs के कुलदीप यादव चउथा सफलता हासिल कइलें। रविंद्र जडेजा अनुभवी बल्लेबाज जो रूट के 26 के स्कोर पs आउट कs के इंग्लैंड के कमर तुड़ देलें।

कुलदीप लेलें पांच विकेट 

कप्तान बेन स्टोक्स बिना खाता खोलले पवेलियन लवट गइलें। कुलदीप स्टोक्स के रूप में आपन पांचवां शिकार कइलें। जेम्स फॉक्स के 24 के स्कोर पs अश्विन आउट कइलें। टॉम हार्टली (6) अश्विन के दूसरा शिकार बनलें। मार्क वुड के रूप में अश्विन के तीसरका सफलता मिलल आ जेम्स एंडरसन के आउट कs के अश्विन इंग्लैंड के पहिला पारी के अंत कs देलें।

भारत के तगड़ा पलटवार

218 रन के जवाब में भारत दिन के खेल खत्म होखे तक एक विकेट गंवा के 135 रन बना लेले बा। कप्तान रोहित शर्मा 52 रन आ शुभमन गिल 26 रन बनाके नाबाद लवटल लो। यशस्वी जायसवाल 57 रन के पारी खेलले। पहिला दिन के खेल पूरा तरे से भारतीय टीम के नाम रहल।

Tags :
Advertisement