टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

18वीं लोकसभा से पहिले सत्र के शुरूआत आज से, सत्ता पक्ष आ विपक्ष में टकराव के आसार; पीएम मोदी समेत नवनिर्वाचित सांसद लीहें शपथ

07:59 AM Jun 24, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

18 वीं लोकसभा के पहला सत्र सोमार से शुरु होखे जा रहल बा। ई सत्र जवन तीन जुलाई तक चली। ई शपथ प्रोटेम स्पीकर के पद पर नियुक्त कइल गइल सदन के वरिष्ठ सदस्य भर्तृहरि महताब स उनकर सहयोगी पीठासीन अधिकारियन द्वारा दिआवल जाई। वहीं 27 जून के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू संसद के दुनु सदन के संयुक्त सत्र के संबोधित करिहें।

Advertisement

परीक्षा में गड़बड़ी, प्रोटेम स्पीकर के नियुक्ति सहित कई मुद्दन पs विपक्षी दलन के नाखुशी के बीच 18वीं लोकसभा के पहिला सत्र सोमवार से शुरु होखे जा रहल बा। जवन तीन जुलाई तक चली। ई शपथ प्रोटेम स्पीकर के पद पs नियुक्त कइल गइल सदन के वरिष्ठ सदस्य भर्तृहरि महताब आ उनकर सहयोगी पीठासीन अधिकारियन द्वारा दिआवल जाई। हालांकि एकरा से पहिले लोकसभा के प्रोटेम स्पीकर के राष्ट्रपति शपथ दिअइहें।

द्रौपदी मुर्मू दुनु सदनन के करिहें संबोधित

विपक्षी दल प्रोटेम स्पीकर पद पs सत्ता के सदस्य के नियुक्ति के लेके विरोध कइले बा आ कहले बा कि सदन में आउरो वरिष्ठ सदस्य रहलें, जेकरा के नियम के तहत ई जिम्मेदारी देवे के चाहीं। करीब दस दिन चले वाला लोकसभा के एह पहिला सत्र में 26 जून के लोकसभा अध्यक्ष खातिर चुनाव होई। उहे 27 जून के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू संसद के दुनु सदन के संयुक्त सत्र के संबोधित करिहें।

एकरा बाद दुनु सदन में 28 जून से राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव के लेके चर्चा होई। एही दौरान प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी दु भा तीन जुलाई के चर्चा पs जवाब दे सकत बाड़े। लोकसभा सचिवालय के मोताबिक सत्र के शुरुआत सोमवार से 18वीं लोकसभा के सदस्यन के शपथ से होई।

एही दौरान प्रोटेम स्पीकर सबसे पहिले प्रधानमंत्री मोदी के सदन के सदस्य के शपथ दिअइहें। एकरा बाद चेयर के सहयोगी सांसदन के शपथ दिआवल जाई। ओकरा बाद मंत्रियन आ बाकी सदस्यन के शपथ दिआवल जाई। सत्र के पहिला दिन करीब 280 सदस्यन के शपथ दिआवल जाई, जबकि बाकी सदस्यन के दूसरका दिन शपथ दिआवल जाई। शपथ नाम के आधार पs राज्यानुसार दिआवल जाला। यानी अ से शुरू होखे वाला राज्यन के सांसदन के पहिले शपथ दिआवल जाला।

परीक्षा में गड़बड़ी आ अग्निवीर पऽ विपक्ष हो सकऽता हमलावर

सोमवार से शुरू हो रहल लोकसभा सत्र में विपक्ष अबकी आपन बढ़ल शक्ति के एहसास करावे से ना हटी। इहे वजह बा विपक्ष सत्र से पहिले परीक्षा में गड़बड़ी, अग्निवीर आ प्रोटेम स्पीकर जइसन मुद्दन के लेकर आक्रामक रुख देखा सकऽता। लोकसभा अध्यक्ष के चुनावो में सत्ता पक्ष के घेरे के कोशिश कर सकऽता। वइसहूँ उऽ पहिलहीं सत्ता पक्ष के सहयोगियन के लोकसभा अध्यक्ष पद के मांग खातिर उकसावे में लागल बा।

 

Tags :
18th LoksabhaKhabar Bhojpuri NewsLoksabhaNarendra ModiSapat grahan
Advertisement
Next Article