टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लइकी CA लइका के Date कऽ के कर देलस सबसे बड़ गलती, ब्रेकअप के बाद लइका भेज देलस एक - एक पाई के हिसाब

09:59 AM May 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट काफी वायरल हो रहल बा जवना के देखला के बाद रउआ आपन माथ धऽ के बइठ जाइब। वायरल पोस्ट में एगो CA लइका के बारे में बतावल गइल बा जवन ब्रेकअप के बाद अपना एक्स के खरचा के एक - एक पाई के हिसाबे भेज देलस।

Advertisement

सोशल मीडिया पs कवना दिने का दिख जाव, केहू एकर पहिले से अंदाजा नइखे लगा सकत। हर दिन कुछ ना कुछ वायरल होता आ कबो-कबो तऽ कुछ अइसन पोस्ट लउक जाला जवना के देखला के बाद इंसान पहिले हैरान होला आ फेर ओकरा बाद जमके हंसेला। अबही एगो अइसने पोस्ट वायरल हो रहल बा। पोस्ट में एगो लइका के बारे में बतावल गइल बा जवन पेशा से CA हऽ। उऽ ब्रेकअप के बाद जवन काम कइले बा, ओकर उम्मीद शायदे केहू कइले होई। तऽ आई जानल जाव पूरा बात।

पोस्ट सोशल मीडिया पऽ भइल वायरल

एक्स (पहले ट्विटर) पs @sehahaj नांव के अकाउंट से एगो पोस्ट शेयर कइल गइल बा जवन वायरल हो रहल बा। लइकी पोस्ट के सबसे ऊपर लिखले बिया, 'CA में C के माने चिंदी चोर होला।' एकरा बाद लइकी लिखले बिया, ' हमार रूममेट एक बार आदित्य नांव के एगो CA के डेट कइले रहे आ उऽ अपना रिश्ता के दौरान कइल गइल सब खरच के एगो एक्सेल शीट भेज देलस। सब कुछ ठीक रहे बाकिर उऽ एह बात से नफरत करेले कि लइका ओ घरी दुनु के बीच खरच के कइसे संभालत रहे। बिल त स्प्लिट करवावते रहे, गिफ्ट COD पs भेजत रहे ओकरा के। एहिसे जब ब्रेकअप भइल, तऽ उऽ अपना सब खरचा के एगो एक्सेल शीट भेजलस जवना में 18% टैक्स के साथे ओकरा जन्मदिन के गिफ्ट शामिल रहे। लइका आधा इंडी मिंट के पइसा के हिसाब लगा के रखले बा।'

एह पोस्ट में कुछ तस्वीर बा, जवना के रउआ सभे देखले होखब। जदि नइखी देखले तऽ जरूर देखी। काहेकि पहिला तस्वीर के आखिर में कुछ मजेदार बात लिखल गइल बा। लइका तीन बात लिखले बा जवना में दूसरका नंबर पs लिखल गइल लाइन काफी मजेदार बा। लइका लिखले बा, 'EMI के ऑप्शनो मौजूद बा, हर महीना 4% इंटरेस्ट के साथे'। आखिरी लाइन में उऽ लिखले बा कि तोहरा के जान के अच्छा लागल।

लोग का कहलस?

एह पोस्ट के देखला के बाद कई लोग आपन रिएक्शन देलस। एगो यूजर लिखले- भाई 4% ब्याज के साथे EMI के ऑप्शन देले बा, हम तऽ नइखी कर सकत। दूसरका यूजर लिखले- भाई रिलेशनशीप के बिजनेस समझ लेलस। तीसरका यूजर लिखले- भाई gpay के ऑप्शनो शामिल करे के चाहत रहे, अतना कैश लेके के घूमेला। ओहिजा एगो यूजर लिखले- भाई इंवेस्टमेंट पs रिटर्न के कॉन्सेप्ट के तनि ढेर गंभीरता से ले लेलस।

Tags :
Khabar bhojpuriRelationship newsspecial newsViral NewsViral post
Advertisement
Next Article