टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur: "शो स्टॉपर" के माध्यम से छात्रा लो दिहली भोजपुरी भाषा में महिला सशक्तिकरण के संदेश

10:59 PM Sep 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
यायावरी क्लब' आ चंद्रकांति रमावती देवी आर्य महिला महाविद्यालय के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम :फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

यायावरी वाया भोजपुरी के अंतर्गत 'यायावरी क्लब' आ चंद्रकांति रमावती देवी आर्य महिला महाविद्यालय के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित महिला सशक्तिकरण के समर्पित 'शो स्टॉपर' के आयोजन भइल. एकरा तहत भाग लेवे वाली छात्रा लो विभिन्न क्षेत्रन में सफल महिला लो के वेषभूषा में आपन प्रदर्शन कईली।

यायावरी क्लब के तहत आयोजित एह आयोजन में मुख्य अतिथि के रूप में स्वर "द शोल आफ म्यूजिक" के संस्थापिका अर्पिता उपाध्याय, कॉलेज प्रबंधक डॉ विजय लक्ष्मी मिश्रा प्राचार्य डॉ. सुमन सिंह, उप प्राचार्य डॉ. स्वप्निल पांडे, रिचा दुबे , समिता अग्रवाल, गौरव मणि त्रिपाठी माँ सरस्वती के चित्र पs माल्यार्पण कs कार्यक्रम के विधिवत शुरुआत कइल लो. मंच संचालन के जिम्मा मिनी उपाध्याय के रहे. कार्यक्रम में सोनू किशोर, अनुराग रंजन ,डॉ० निशा श्रीवास्तव ,डॉ० रेखा रानी शर्मा ,डॉ० सरिता पांडे , डॉ०पवन , एह महाविद्यालय के शिक्षक गण अउरी भारी संख्या में छात्रा लोग मौजूद रहली.

डॉ विजय लक्ष्मी मिश्रा द्वारा सम्मानित अर्पिता उपाध्याय: फोटो

 

कार्यक्रम के संबोधित करत प्रबंधक डॉक्टर विजयलक्ष्मी मिश्रा कहली कि " एह कार्यक्रम में भाग लेवे वाली छात्रा लोग के उत्साह बडइली आ भोजपुरी भाषा में बोले- पढ़े खातीर प्रेषित कइली आ आगे कहली की भोजपुरी भाषा दुनियां के सबसे मीठ भाषा हs."

कार्यक्रम में भाग लेवे वाली छात्रा स्नेहा त्रिपाठी ,रिया वर्मा ,गुंजा पांडे ,अनुष्का, रेखा शुक्ला, हंसिका सोनकर ,कामिनी, अभिलाष, कनक ,सोनम वर्मा, अदिति चौहान, शीतल ,रिमझिम दुबे, काजल पांडे, ज्योति तिवारी ,दीपिका त्रिपाठी ,जूही कुमारी, शिवानी, खुशी वर्मा, अंशिका तिवारी,नुरीन खातून रहली लो. जे भारत के श्रेष्ठ महिला लो में सरोजिनी नायडू ,अहिल्याबाई होल्कर, इंदिरा गांधी ,डॉ०ताराबाई शिंदे ,रखमा देवी ,रानी लक्ष्मी बाई, द्रौपदी ,सुचेता कृपलानी, विदुषी महिला आपला ,घोषा ,लोपामुद्रा अनुसूईया, अरुंधति आदि श्रेष्ठ महिला लो के परिधान को धारण कsके भाव भंगीमा के प्रस्तुत करत आपन किरदार के परिचय भोजपुरी भाषा में बहुते सुंदर ढंग से प्रस्तुत कइली|

डॉ. विजयलक्ष्मी मिश्रा अर्पिता उपाध्याय: फोटो

छात्र लोग के संबोधित करत मुख्य अतिथि अर्पिता उपाध्याय कहली कि "युवा लोग के महान व्यक्तित्व के जीवन से प्रेरणा लेवे के चाही। अइसन आयोजन युवा पीढ़ी के सीखे आ आगे बढ़े खातिर प्रेरित करेला। भोजपुरी भाषा आ संस्कृति में चुम्बकीय आकर्षण बा।"

शो स्टॉपर विजेता: फोटो

निर्णायक मंडल एह सशक्तिकरण खातिर समर्पित 'शो स्टॉपर' कंपटीशन में प्रथम स्थान दीपिका त्रिपाठी ,द्वितीय स्थान अभिलाषा दुबे तृतीय स्थान खुशी शर्मा आ सांत्वना पुरस्कार शीतल साहनी के मिलल | एह कार्यक्रम धन्यवाद ज्ञापन प्राचार्य डॉ. सुमन सिंह जी कइली आ कार्यक्रम के समापन वंदे मातरम् राष्ट्रगीत से भइल.

 

 

 

 

Tags :
Chandrakanthi Ramavati Devi Arya mahila College.Educationgorakhpur newsGorakhpur News in BhojpuriGorakhpur ProgramPG CollegeProgramShow StopperStudentYayawari ClubYayawari Via Bhojpurगोरखपुर कार्यक्रमगोरखपुर न्यूजगोरखपुर न्यूज़ इन भोजपुरीपीजी कॉलेजयायावरी क्लब का कार्यक्रमयायावरी वाया भोजपुर
Advertisement
Next Article