टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हाथी से दोस्ती कइल चाहत रहे लइकी, बाकीर गजराज सिखवलस अइसन सबक कि जिंदगी भर रही इयाद

11:33 AM Feb 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

जंगल में बहुत जानवर पावल जालें। बाकिर लोग हाथी के बहुते मस्ती करे वाला जानवर मानेला। हाथी के बहुत प्यारा जानवर मानल जाला। जइसे लोग कुकुर, बिलार आ घोड़ा के पालतू जानवर के रूप में रखेला ओसही कुछ लोग हाथी के भी दोस्त बना के रखेला। हाथी एगो शांत जानवर हs, लेकिन कबो-कबो एकर मूड भी खराब हो जाला। आ जब हाथी के मूड खराब होखे तs ओकरा लगे जाए के सोचे के ना चाहीं। हाथी खिसियाइल बा आ रउरा ओकरा लगे जाइब तs ऊ कुछुओ कs सकेला। अगर रउवा एह बात के बढ़िया से समझे के बा तs एक बेर वायरल होखे वाला वीडियो देखीं।

वायरल वीडियो

सोशल मीडिया पs वायरल होखेवाला वीडियो में आप देख सकतानी कि जंगल में कहीं हाथी आपन खाना खा रहल बा। हाथी के देख के एगो लईकी जाके ओकरा लगे खड़ा हो जाले। हाथी के अपना लगे आवत लईकी पसंद ना आईल। हाथी उनका के आवत देख के धक्का दे दिहलस। एकरा तुरंत बाद लईकी गिर जाले। एकरा बाद लईकी एक पल खातिर भी उहाँ ना रहेले अवुरी उठ के भागे लागेले।

ई वीडियो माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफार्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs @PicturesFoIder नाम के एगो पेज से शेयर कइल गइल बा। वीडियो के संगे कैप्शन में लिखल बा कि, 'लईकी हाथी से दोस्ती कईल चाहत रहे अवुरी ओकरा कष्ट उठावे के पड़ल।' खबर लिखे के समय ले ए वीडियो के 2.38 करोड़ लोग देख चुकल बाड़े। वीडियो देखला के बाद एगो यूजर लिखले- हाथी अयीसन प्रतिक्रिया काहें दिहलस? एगो अउरी यूजर लिखले बाड़ी – अगर अगिला बेर अइसन कुछ होखे तs ऊ हेलमेट बिल्कुल ना उतारस। तीसरा यूजर लिखले बा – ऊ हाथी सोचले होई कि ऊ ओकरा के मूंगफली खातिर भड़कावत बिया।

 

 

Tags :
Social MediaTrending newsViral Newsviral video
Advertisement
Next Article