टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आज गोरखपुर अइहें हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल: लेहड़ा देवी के दर्शन कs के रथ यात्रा में सामिल होइहें शिव प्रताप शुक्ल 

01:14 PM Jul 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। अपना दु दिनन के दौरा पs आज हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल शिव प्रताप शुक्ल गोरखपुर अइहें। एह दौरान ऊ गोरखपुर आ महाराजगंज के कइयन गो कार्यक्रम में सामिल होइहें।

Advertisement

शिव प्रताप शुक्ल आज अतवार के फ्लाइट से सबेरे 9:40 बजे गोरखपुर एयरपोर्ट पहुंचलें। एयरपोर्ट पs उनकर सब कार्यकर्ता आ समर्थक उनकर भव्य स्वागत कइल लो। एकरा बाद राज्यपाल एयरपोर्ट से महराजगंज के बृजमनगंज इस्थित लेहड़ा माता मंदिर दर्शन खातिर जइहें।

दर्शन -पूजन के बाद बेतियाहाता इस्थित अपना आवास पs आ जइहें। अपराह्न तीन  बजे असुरन चौक इस्थित विष्णु मंदिर के पारंपरिक रथ यात्रा में सामिल होइहें। इसके बाद सांझ के साथ बजे मालती लॉन में एगो कार्यक्रम में हिस्सा लेवे पहुंचिहें।

9 जुलाई के वापस हिमाचल प्रदेश जइहें राज्यपाल

सोमार माने आठ जुलाई के राज्यपाल सुबह 10:30 बजे सहजनवां में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में बतौर मुख्य अतिथि हिस्सा लिहें। ओकरा बाद तारामंडल इस्थित राजेश शुक्ल के आवास पs एगो कार्यक्रम में सामिल होइहें।

तारामंडल के कार्यक्रम पूरा होखला के बाद सांझ के 6:00 बजे शाहपुर के आवास विकास कॉलोनी में रवीश तिवारी  के इहां कार्यक्रम में सामिल होइहें। आपन दु दिन के दौरा पूरा कs के राज्यपाल मंगर 9 जुलाई के सबेरे 9 बजे हिमाचल प्रदेश खातिर वापस रवाना हो जइहें।

Tags :
Bhojpuri NewsGorakhpur VisitHimachal Pradesh Governershiv pratap shuklaTwo days Visit
Advertisement
Next Article