For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पत्नी के फोन पऽ बात करे से मना कइल पति के पड़ल भारी, पहिले करेंट लगवलस फेर बल्ला से कइलस पिटाई

11:50 AM May 30, 2024 IST | Sonu Kishor
पत्नी के फोन पऽ बात करे से मना कइल पति के पड़ल भारी  पहिले करेंट लगवलस फेर बल्ला से कइलस पिटाई
Advertisement

Mainpuri News उत्तर प्रदेश के मैनपुरी जिला में हैरान कऽ देवे वाला मामला सामने आइल बा। पत्नी अपना पति के नशीला पदार्थ पिया के पहिले अर्धचेतन अवस्था में कऽ देलस। ओकरा बाद करंट लगवलस फेर बल्ला से बेरहम जइसन पिटाईयो कइलस। युवक के हालत नाजुक होखे पs ओकरा के सैफई के एगो अस्पताल में इलाज खातिर भर्ती करावल गइल। अस्पताल से छुट्टी भइला के बाद युवक पत्नी के खिलाफ प्राथमिक दर्ज करवले।

Advertisement

मामला मैनपुरी जिला के उजागरपुर के हऽ। पीड़ित प्रदीप प्राथमिकी दर्ज करवलस कि ओकर बिया सात साल पहिले भइल रहे। पत्नी बेबी हमेशा फोन पs बाते करे। विरोध कइला पs झगड़ा करे लागे। 18 मई के उऽ पत्नी के फोन करे से रोकले तऽ पत्नी इनकरा के नशीला पदार्थ खिया देलस। जेकरा चलते उऽ अर्धचेतन हालत में पहुंच गइले। एही दौरान पत्नी उनका के करंट लगवलस फेर क्रिकेट के बल्ला से पिटाइयो कइलस। अपना मासूम बेटो के मरलस पीटलस।

परिवार के लोग इलाज खातिर सैफई में भर्ती करवलस। हालत में सुधार होखला के बाद  उऽ प्राथमिकी दर्ज करवले।

Tags :
Advertisement