टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बजट के असर लउकत बा! आईफोन सस्ता हो गइल, एप्पल ई 7 मॉडल के दाम कम कs देलस

02:16 PM Jul 27, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

बजट 2024 में भइल बहुत बड़ घोषणा के बीच मोबाइल कस्टम ड्यूटी कम करे के बारे में भी चर्चा भइल। एकरा बाद अब एप्पल अपना कुछ आईफोन मॉडल के दाम में बहुत कटौती कइले बिया।

Advertisement

हाइलाइट 

केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बजट (बजट 2024) में बहुत बड़ घोषणा कइले बाड़ी। एहमें इहो शामिल बा कि सरकार मोबाइल फोन आ चार्जर पर कस्टम ड्यूटी कम कर दिहले बिया । सरकार मोबाइल आ चार्जर पS लागल कस्टम ड्यूटी 20% से घटा के 15% कS देले बिया। मतलब कि अब मोबाइल फोन आ चार्जर खरीदला पसे 5% कम पईसा देवे के होई। ई घोषणा के बाद एप्पल अपना आईफोन के दाम में बहुत कटौती कइले बिया। वेबसाइट मनीकंट्रोल एप्पल के ऑनलाइन स्टोर पs ए दाम के पुष्टि कइले बिया आ ओकरा पता चलल बा कि आधिकारिक तौर पs ए दाम में कमी आइल बा।

जान जाई कि पहिला बेर एप्पल नयका आईफोन मॉडल के लॉन्च से कुछ महीना पहिले दाम में कटौती कइले बा, जवन कि सितंबर 2024 में होखे के उम्मीद बा।

एप्पल आईफोन 15 PRO के शुरुआती दाम 1,34,900 रुपया आ आईफोन 15 PRO मैक्स के शुरुआती कीमत 1,59,900 रुपया से लॉन्च कइल गइल।बाकी छूट के बाद अब आईफोन 15 PRO 1,29,800 रुपया में आ आईफोन 15 PRO MAX 1,54,000 रुपया में उपलब्ध करावल जाता। आईफोन 15 प्रो के दाम में 5,100 रुपया के कमी कइल गइल बा, जबकि आईफोन 15 प्रो मैक्स के दाम में 5,900 रुपया के कमी कइल गइल बा।

दूसर ओर हमनी के बता दीं कि ‘वेनिला’ आईफोन 15 अवरू आईफोन 15 प्लस मॉडल के दाम में भी तनिका कमी आइल बा। आईफोन 15 आ आईफोन 15 प्लस के दाम में मात्र 300 रुपया के कमी आइल बा आ अब इ क्रमशः 79,600 आ 89,600 रुपया में उपलब्ध बा।

एप्पल आईफोन 13 आ आईफोन 14 के दाम में 300 रुपया के तनिका कमी आइल बा। सस्ती आईफोन एसई के दाम में 2300 रुपया के कमी कइल गइल बा।

एकरा अलावे अब आईफोन एसई के 47,600 रुपया में उपलब्ध करावल जाता आ एकरा से पहिले एकर दाम 49,900 रुपया रहे। एप्पल आईफोन 13 59,600 रुपया आ आईफोन 14 69,600 रुपया में बिकाता।

Tags :
Apple iphoneBhojpuri khabarBhojpuri technology newsiphone 13iphone 14iphone 15iphone 15max proiphone SEKhabar Bhojpuri Newsofferoffer on iphoneprice drop
Advertisement
Next Article