टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटना में SP आवास में ड्यूटी करे वाला जवाने सुरक्षित नइखे, बेखौफ बदमाश मारपीट कऽ के लूटले

11:47 AM Aug 04, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पटना में बदमाश के आतंक अतना बढ़ गइल बा कि अब एसपी आवास पs ड्यूटी करेवाला जवान तक सुरक्षित नइखन। बिहार पुलिस के बीएमपी में काम करेवाला जवान समीर कुमार के बदमाश पीट-पीट के उनकर मोबाइल छीन लेले। बदमाश लूटपाट कइला के बाद भाग गइले। इ घटना सचिवालय सिंचाई भवन के गेट से कुछ दूर आगे भइल।

Advertisement

एसपी आवास पऽ ड्यूटी करे जात रहले, बदमाश मारपीट आ लूटपाट कइले

बतावल जाता कि पीड़ित जवान 2 अगस्त के सबेरे एसपी के आवास पs ड्यूटी खातिर जात रहले। एही दौरान सिंचाई भवन गेट से बिरसा मुंडा के ओर बढ़ते दुगो बाइक सवार बदमाश उनका लगे पहुंच गइले। दुनु जने जवान के रोक के पीटे लगले। मारपीट के बाद उनकर मोबाइल छीन के भाग गइले। एह मामला में जवान समीर कुमार सचिवालय थाना में मामला दर्ज करवले बाड़े।

पुलिस बन के बदमाश किसान से सोना के चेन आउर अंगूठी ले लेले

एकरा संगे-संगे पटना कंकड़ बाग में अपाची पs सवार दु लोग पुलिस के रूप में देखावत जहानाबाद के पारस बीघा निवासी किसान अशोक कुमार से सोना के अंगूठी आ चेन छीन लेले, जवन कि कुछ में इस्थित सिने अस्पताल में भर्ती रिश्तेदार के देखे जात रहले। ए मामला में अशोक कुमार के बयान पs कंकड़बाग थाना में मामला दर्ज भइल बा।

Tags :
Bihar crime newsbihar newsBIHAR Patna BiharCrime news Biharkhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article