टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बदमाश फिल्मी अंदाज में आइल रहे : ज्वेलरी शोरूम पs गोली चलवलख, चिट्ठी फेंकलख आ एक करोड़ रुपया के रंगदारी के मांग कइलख

04:05 PM Aug 25, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

मुखर्जी नगर क्षेत्र में सहगल ज्वेलर्स पर बाइक सवार बदमाश गोलीबारी। गोली शोरूम में बैनर से टकरा गइल। फायरिंग के बाद बदमाश शोरूम के बहरी चिट्ठी फेंक के फरार हो गइल।

Advertisement

मुखर्जी नगर क्षेत्र में सहगल ज्वेलर्स पर बाइक सवार बदमाश गोलीबारी। गोली शोरूम में बैनर से टकरा गइल। फायरिंग के बाद बदमाश शोरूम के बहरी चिट्ठी फेंक के फरार हो गइल। एकरा में सोनार से एक करोड़ रुपया के रंगदारी के पईसा मांगल गइल।

मौका पs पहुंचल पुलिस शोरूम के बहरी कारतूस के गोला बरामद कइलस। मौका से चिट्ठी भी मिलल। एहमें बम्बिहा गिरोह के बदमाश बतावत बदमाश व्यापारी के पइसा ना दिहला पर ओकरा के जान से मारे के धमकी दिहले बाड़न। पुलिस मामला दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया।

मुखर्जी नगर पुलिस के सहगल ज्वेलर्स शोरूम में गोलीबारी के जानकारी दुपहरिया करीब 2:15 बजे मिलल। मौका पs पहुंच के पुलिस जांच कइलस। पुलिस अपराध आ फोरेंसिक टीम के मौका पs बोलवले। पुलिस अधिकारी बतवले कि चिट्ठी में सोनार के धमकी दिहल गइल रहे कि जदी ऊ एक करोड़ रुपया ना दिही तs उनकर हत्या कs दिहल जाई।

शिकायत के आधार पs पुलिस अनजान हमलावर के खिलाफ मामला दर्ज क देले बिया। घटना के बाद सोनार के सुरक्षा खातीर पुलिस बल के तैनाती कइल गइल बा। पुलिस अधिकारी के कहनाम बा कि शोरूम में आसपास लगावल सीसीटीवी कैमरा के मदद से बदमाश के पहचान करे के कोशिश कइल जाता।

Tags :
Bhojpuri khabardelhijwellery shopmukharjee nagarshagal jewellers
Advertisement
Next Article