टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सियाह रात के भोर सोनहला होला आ गिरमिटिया एकर बेहतरीन उदाहरण बा- मनोज भावुक

08:29 AM Apr 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पटना के रवीन्द्र भवन में साहित्य आ संगीत के सांझ सजल। बिहार के माटी हमेसा से अपना श्रम आ प्रतिभा खातिर मशहूर रहल बा आ एकरे उत्सव मनावे खातिर उपस्थित रहलें अंतर्राष्ट्रीय स्तर पs मशहूर सरनामी गायक राज मोहन, फ़िल्मफ़ेयर आ फेमिना के ओर से सम्मानित साहित्यकार आ भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक आउर साहित्यकार आ कला समीक्षक डॉ. कुमार विमलेंदु सिंह। मनोज भावुक आ विमलेंदु बिहार के रंगमंच, साहित्य आ सिनेमा पs बातचीत कइल लो।

Advertisement

मनोज भावुक गिरमिटिया प्रवास के दरद से भरल दास्तां सुनावत कहलें कि '' सियाह रात के सोनहला भोर होला आ गिरमिटिया एकर बेस्ट उदाहरण बा। मजदूर बन के गइल लोग आज मालिक बन गइल बा। गिरमिटिया बन के गइल लोग गवर्नमेंट बन गइल बा। उन्नयन के एह से बेहतर उदाहरण का होई।"

विमललेंदु आ मनोज भावुक गिरमिटिया मजदूरन के जिनगी, ओह लोगन के इतिहास आ वर्तमान पs बात कइल लो। भोजपुरी सिनेमा आ साहित्य पs बात के संगे भोजपुरी के भविष्यो पs बात भइल।

एह अवसर पs मनोज भावुक आपन मशहूर भोजपुरी गजलन के सुनवलें। एकरा बाद नीदरलैंड्स से आइल मशहूर गायक राज मोहन सुंदर गीतन से माहौल बना देलें। सात समुंदर पार कराईके / ...गीत पs लोगन के आँख नम हो गइल।

अतिथियन के स्वागत आ धन्यवाद ज्ञापन हाउस ऑफ वेरायटी के संस्थापक सुमन सिन्हा के हाथन से भइल।

Tags :
Bhojpuri NewsDr. Kumar Vimlendu SinghGirmitiyaManoj BhauvkPatna NewsSarnaami Singer Manoj Bhauvk
Advertisement
Next Article