टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जेपी पथ के दूसरका चरण बनके तइयार, सीएम करिहें लोकार्पण: पटन देवी, गुरुद्वारा, मारूफगंज आइल-गइल होई आसान

10:20 AM Jul 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जेपी गंगा पथ के दूसरका चरण बनके तइयार हो चुकल बा। एकरा के कंगन घाट तक आम लोगन खातिर खोलल जा रहल बा। सीएम नीतीश कुमार आज एकर लोकार्पण करिहें। एह मवका पs पथ निर्माण मंत्री के अलावे विधानसभा स्पीकर विशेष अतिथि के तौर पs मवजूद रहिहें।

Advertisement

लोकार्पण के बाद आम लोग अटल पथ से सीधा कंगन घाट तक पहुंच सकी। एकरा बाद पटना से पटन देवी, पटना साहिब गुरुद्वारा, मारूफगंज सहित पटना सिटी के आउर इलाकन में आइल-गइल आसान हो जाई। पहिले पटना शहर के मुख्य इलाकन से पटना सिटी आवे-जाये में एक से डेढ़ घंटा तक के समय लाग जात रहे। ट्रैफिक जाम के समस्या होत रहे।

ओहिजा, अब ई दूरी लोग 30 से 45 मिनट में तय कइल जा सकी आ जाम के समस्या से छुटकरो मिली। 13 मई के पीएम मोदी एह पथ के इस्तेमाल कs चुकल बाड़ें। फिलहाल जेपी पथ दीघा से गायघाट तक चल रहल बा।

जेपी गंगा पथ के दूसरका फेज 3.4 किमी के बा 

सीएम नीतीश कुमार सबेरे 10 बजे गायघाट से कंगनघाट तक के हिस्सा के लोकार्पित करिहें। कुल दूरी 3.4 किमी के बा। एह उद्घाटन समारोह में मुख्य अतिथि के तौर पs विधानसभा अध्यक्ष नंदकिशोर यादव शिरकत करिहें। नंदकिशोर यादव पटना साहिब के विधायको हवे। इनका क्षेत्र के लोगन के एह रास्ता के सबसे जादे फायदा होखे वाला बा। एह पथ से पटना सिटी से पश्चिम पटना जाइल आसान हो जाई। कुछे मिनट में लोग पटना सिटी से निकलके शहर में दाखिल हो सकी।

मार्च 2023 में होखे के रहे पूरा

जेपी पथ दीदारगंज आ दीघा के बीच 20.5 किमी लंबाई के सड़क बन रहल बा। एकरा मार्च 2023 में पूरा होखे रहे, बाकिर, ई नइखे हो सकत। कुल 2200 करोड़ रूपिया से जादे के राशि एहपर खर्च होखे के बा। जेपी पथ से शहर के अंदर एंट्री खातिर कुल 10 जगह लिंक कइल जाये के बा। एमे से दीघा, अटल पथ, एलसीटी घाट, एएन सिन्हा, पीएमसीएच आ गायघाट के लिंक पहिला फेज में पूरा भइल। अब बारी कंगनघाट के बा। दीदारगंज तक पथ निर्माण के काम जारी बा।

Tags :
Bhojpuri NewsGaighata to KanganaghatInauguration by CM Nitish KumarJP PathNand Kishore YadavNitish KumarSecond Phase of JP Path
Advertisement
Next Article