टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नीरज के शादी के खुल गइल राज, मनु भाकर के पिता कहलें बड़ बात

12:57 PM Aug 13, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पेरिस ओलंपिक 2024 11 अगस्त के खतम हो गइल बा। अबकी बेर भारत के कुल 6 पदक मिलल। ओलंपिक में कवनो भारतीय एथलीट खातिर सबले बेसी सुर्खी उऽ हवें मनु भाकर आ नीरज चोपड़ा के नाम बा। मनु भाकर पेरिस ओलंपिक 2024 में देश के पहिला दू गो पदक दिहलें। नीरज भाला फेंक में देश के रजत पदक जीत लिहले। ई खाली अतने नइखे। ओलंपिक के समापन का बाद नीरज आ मनु भाकर के माई के एगो वीडियो वायरल हो गइल जवना में दुनु जने एक दोसरा से बतियावत लउकलन। एगो अवुरी वीडियो में नीरज चोपड़ा अवुरी आ भाकर आपस में बतियावत देखाई देतारे। जइसहीं ई वीडियो वायरल भइल त ओह लोग के अफेयर के अफवाह तेजी से फइलल शुरू हो गइल। अब मनु भाकर के बाबूजी एह अफवाहन पर बड़हन बयान दे दिहले बाड़न। त आईं मनु आ नीरज के बियाह के कतना साँच बा आ केतना भ्रम बा।

Advertisement

पेरिस ओलंपिक 2024 : मनु नीरज से खूब बात कइले

जइसे कि वीडियो में साफ-साफ देखाई देता कि नीरज चोपड़ा आ मनु भाकर एक दूसरा से बात करऽतारे। मनु भाकर से बात करत घरी नीरज चोपड़ा के माथा झुकल बा। जवना से साफ लउऽकत बा कि नीरज मनु से बात करे में लजाइल बाड़े। हालांकि इ वीडियो वायरल होखते लोग प्रेम कहानी के बारे में अफवाह फैलावे लगले।

Paris Olympics 2024: मनु के माई नीरज से खिअवली रहली कसम

एगो वीडियो में देखल गईल कि मनु भाकर के माई के मुलाकात नीरज चोपड़ा से भइल रहे। दुनों के बीच बहुत बतकही चलत रहे। मनु भाकर के माई नीरज से का बात कईले बाड़ी, एकर अबही ले खुलासा नइखे भइल। वीडियो में साफ-साफ देखाई देता कि मनु भाकर के महतारी सुमेधा भाकर नीरज से माथा पs हाथ धारावत बाड़ी। जइसही मनु के माई आ नीरज चोपड़ा के वीडियो वायरल भइल, दुनो भारतीय एथलीट के बियाह के खबर वायरल हो गइल। सोशल मीडिया पs लोग दावा करे लगले कि मनु के महतारी अपना बेटी के नीरज से बियाह के बात करतारी।

पेरिस ओलंपिक 2024 : उऽ अबही बहुत छोट बाड़ी : मनु भाकर के पिता

मनु भाकर अवुरी नीरज चोपड़ा के बियाह के खबर के लेके मनु भाकर के पिता सब कुछ साफ कऽ देले। न्यूज नेशन में छपल एगो रिपोर्ट में मनु भाकर के पिता के हवाला से कहल गइल कि, 'मनु अबही बहुत छोट बाड़ी।' उ बियाह के उमर के नइखी। अबही ले एकरा बारे में नइखी सोचलें।'

Tags :
manu bhakarNeeraj ChopraNiraj chopraolampic newsOlympic news
Advertisement
Next Article