टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चार सौ पार के नारा flop हो गइल बा, बाकिर भाजपा खातिर एहिजा से खुशखबरी आ रहल बा, सरकार गठन तय बा!

12:07 PM Jun 04, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

ओडिशा विधानसभा चुनाव 2024 : लोकसभा चुनाव 2024 में भाजपा अपना दम पर 272 के जादुई आंकड़ा के छूवत नइखे लउकत । हालांकि भारतीय जनता पार्टी के रुझान के मुताबिक सरकार बनावल देखाई देता, जवना के चलते ओडिशा विधानसभा चुनाव में भाजद के पीछे छोड़ दिहल जाता।

Advertisement

जइसे-जइसे लोकसभा चुनाव 2024 के रुझान सामने आ रहल बा, तय हो गइल बा कि देश में पीएम नरेंद्र मोदी 3.0 के आगमन लगभग तय बा। भले ही भारतीय जनता पार्टी अपना दम पर लोकसभा चुनाव में जादुई आंकड़ा हासिल करे में पिछड़ल लउकत बा, बाकी राजग गठबंधन बहुमत के आंकड़ा हासिल कs लेले बिया। भाजपा के 400 पास के नारा पर बड़हन झटका लागल बा । हालांकि ओडिशा विधानसभा चुनाव 2024 से प्रधानमंत्री पार्टी खातीर एगो खुशखबरी आइल बा। अब तक के रुझान के मुताबिक सीएम नवीन पटनायक के बीजू जनता दल (भाजद) के छोड़ के भाजपा राज्य में सरकार बनावत देखाई देता।

ओडिशा में कुल 147 गो विधानसभा सीट बाड़ी सऽ। अभी तक 145 सीट के ट्रेंड के खुलासा भइल बा। सुबह 11.30 बजे तक के रुझान के मुताबिक भाजपा 76 सीट पs अग्रणी बिया। भाजद के 50 सीट मिलत लउकत बा । राज्य के दु सीट पs कांग्रेस आगे बिया। ओडिशा में सरकार बनावे खातिर कवनो पार्टी के 74 सीट के जरूरत होला । रुझान में भाजपा ए आंकड़ा के छू लेले बिया।

Tags :
2024 loksabaha election400 paarBjp loksabhaKhabar bhojpuriModi governementNavin PatnayakOdishaodisha loksabaha election
Advertisement
Next Article