टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: गोरखपुर यूनिवर्सिटी विद्यार्थी कुल कइले हंगामा-प्रदर्शन, जानीं का रहे बड़ वजह

09:14 AM Apr 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मंगल के दिने दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में होखे वाला सालाना परीक्षा के पहिला दिन हंगामा मच गइल. बार-बार समय सारिणी में बदलाव के चलते परीक्षा के समय के लेके उलझल सैकड़न छात्र परीक्षा से चूक गईले।

खिसियाइल छात्र कुलपति अवुरी रजिस्ट्रार कार्यालय में फेर से परीक्षा के मांग करत हंगामा मचवले। मामिला के बिगड़त देख कुलपति समेत सभ शीर्ष अधिकारी पहुंचले। कुलपति उनुका से बात करत भरोसा दिहली कि उनुका के परीक्षा के मउका दिहल जाई. साँझ के समय परीक्षा नियंत्रक 12 मई के दुपहरिया के पाली में दुपहरिया एक से चार बजे ले चूकल परीक्षा करावे के आदेश जारी कs दिहले बाड़न.

गोरखपुर विश्वविद्यालय में मंगल से सालाना परीक्षा शुरू हो गईल। विश्वविद्यालय केन्द्र में सबेरे बीए, बीएससी, बीकॉम के 30 विषय के परीक्षा रहे. एहमें विश्वविद्यालय केन्द्र आ संबद्ध कॉलेजन में एक हजार विद्यार्थी परीक्षा छुटल.

परीक्षा के कार्यक्रम में बार-बार बदलाव होखत रहे। जवन विद्यार्थी अन्त ले टाइम टेबल देखले, समय से परीक्षा में पहुंच गईले, लेकिन बहुत अयीसन छात्र रहले जवन कि बदलल समय ना देख पवले अवुरी परीक्षा से चूक गईले।

 

 

 

Tags :
DduEducationgorakhpur newsGorakhpur News in BhojpuriGorakhpur Universityगोरखपुर न्यूजगोरखपुर न्यूज़ इन भोजपुरीशिक्षा
Advertisement
Next Article