टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार में NDA के सरकार बनते UP के ई सांसद CM नीतीश से कइलें माँग 

02:17 PM Feb 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मुख्‍यमंत्री योगी आदित्‍यनाथ उत्तर प्रदेश में फिल्‍म सिटी के बढ़ावा दे रहल बाड़े। बिहारो में भोजपुरी फिल्‍म सिटी बनावे के चाहीं। भाजपा सांसद रवि किशन बिहार के सीएम नीतीश कुमार से ई बात के मांग कइले बाड़े। ए सिलसिला में उऽ मुख्‍यमंत्री से मिलहू वाला बाड़े। उऽ कहले हऽ कि भोजपुरी सिनेमा के सब्सिडी मिले के चाहीं। कलाकारन के बढ़ावा मिले के चाहीं। हम गोरखपुर में ई काम कर रहल बानीं। एकरा खातिर हम जल्दिए बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मिलब।

Advertisement

'कांग्रेस के जिंदगी झंड बा, अब कौन बात के घमंड बा'

रवि किशन आइ एन डी आइ ए गठबंधन के सवाल पर कहले कि कांग्रेस के जिंदगी झंड बा, अब कवना बात के घमंड बा। कहले हऽ कि आज बिहारे के चलते हम रवि किशन बानी। हम बिहार के मुख्यमंत्री से भोजपुरी कलाकारन खातिर सोचे के कहब। बिहारो में विकास होखे कवनो पतरे के भ्रष्टाचार ना होखे, एहुजा भोजपुरी फिल्म सिटी बने। लोगन के रोजगार मिले। चारों ओर विकास हो रहल बा। आज पूरा देश राममय भइल बा।

पूरा यूपी में दिख रहल भाजपा के काम: रवि किशन

रवि किशन कहले हऽ, मोदी जी, योगी जी आ हमरा संसदीय क्षेत्र में जतना काम भइल बा उऽ पूरा उत्तरप्रदेश में दिख रहल बा। हम पांच साल में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से सीखले बानी कि गरीबन के कल्यान कइसे होखे। हमनी के यूपी में भोजपुरी फ़िल्में बना रहल बानी सन आ ओमे रोजगारो दे तानी सन। ए मौका पऽ बीजेपी एमएलसी डा. तरुण कुमार समेत काफी संख्या में लोग रहे।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar governmentNDA GovernmentNitish Kumarravi kishan
Advertisement
Next Article