For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: उपराष्ट्रपति गुरु गोरखनाथ के दर्शन कइलें, महायोगी के अखंड ज्योति के सामने भइलें भावविभोर

09:54 PM Sep 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
gorakhpur news  उपराष्ट्रपति गुरु गोरखनाथ के दर्शन कइलें  महायोगी के अखंड ज्योति के सामने भइलें भावविभोर
गोरखनाथ मंदिर में पूजा करत उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ - फोटो : अमर उजाला
Advertisement

पहिला बेर गोरखपुर आइल उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ सनीचर के सैनिक स्कूल के लोकार्पण कइला के बाद गोरखनाथ मंदिर जाके शिवावतार महायोगी गुरु गोरखनाथ के दर्शन-पूजन कइलें।

Advertisement

महायोगी के अखंड ज्योति देखावत सीएम योगी - फोटो : अमर उजाला
महायोगी के अखंड ज्योति देखावत सीएम योगी - फोटो : अमर उजाला

उनका संगे उनकर पत्नी डॉ. सुदेश धनखड़ उपस्थित रहली।

दर्शन-पूजन के अनुष्ठान मुख्यमंत्री आ गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ खुद अपना देखरेख में संपन्न करवलें।

सीएम योगी आ गीता प्रेस के ट्रस्टी उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के पुस्तक भेंट कइलें- फोटो : अमर उजाला
सीएम योगी आ गीता प्रेस के ट्रस्टी उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के पुस्तक भेंट कइलें- फोटो : अमर उजाला

गुरु गोरखनाथ के चरणन में शीश नवाके आ महायोगी के मंदिर के गर्भगृह में प्रज्वलित अखंड ज्योति के महत्ता जानके उपराष्ट्रपति भावविभोर हो गइलें। उपराष्ट्रपति मंदिर में समाज के अलग-अलग क्षेत्रन के गणमान्यजन से शिष्टाचार भेंट कइलस।

सीएम योगी उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के पुस्तक भेंट कइलें - फोटो : अमर उजाला
सीएम योगी उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के पुस्तक भेंट कइलें - फोटो : अमर उजाला

गीता प्रेस के ट्रस्टी से मंदिर में ऊ मुलाकात कइलें। एह दौरान सीएम योगी उपराष्ट्रपति के महायोगी गोरखनाथ के प्रतिमा आ महंत अवेद्यनाथ पs प्रकाशित ग्रंथ आ गीता प्रेस के पुस्तक भेंट कइलें।

उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ मंदिर में गणमान्यजन से मुलाकात कइलें- फोटो : अमर उजाला
उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ मंदिर में गणमान्यजन से मुलाकात कइलें- फोटो : अमर उजाला
Tags :
Advertisement