For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पूरा दुनिया रुक गइल! माइक्रोसॉफ्ट के सर्वर अचानक रुक गइल, पूरा बात विस्तार से जान लीं

02:01 PM Jul 19, 2024 IST | Raj Nandani
पूरा दुनिया रुक गइल   माइक्रोसॉफ्ट के सर्वर अचानक रुक गइल  पूरा बात विस्तार से जान लीं
Advertisement

 माइक्रोसॉफ्ट विंडोज आउटेज- माइक्रोसॉफ्ट के सर्वर आउटेज क्राउडस्ट्राइक नाम के एगो एंटीवायरस कंपनी के हाल के अपडेट के चलते भइल बा।

Advertisement

माइक्रोसॉफ्ट के सर्वर में समस्या के चलते पूरा दुनिया में हलचल हो गइल। माइक्रोसॉफ्ट के सर्वर बंद होखला के चलते एयरलाइंस समेत बहुत उद्योग के काम प्रभावित भइल बा आ बहुत तकनीकी सेवा ठप्प हो गइल बा। माइक्रोसॉफ्ट एह आउटेज के पुष्टि कइले बा आ कहले बा कि एह समस्या के समाधान के कोशिश कइल जा रहल बा। माइक्रोसॉफ्ट विंडोज में कवनो गड़बड़ी के चलते कंप्यूटर चाहे लैपटॉप के स्क्रीन अचानक नीला (Blue Screen of Death) हो गइल बा आ कंप्यूटर बंद होके अपने आप रिस्टार्ट होखता। माइक्रोसॉफ्ट के एह गड़बड़ी के चलते दुनिया भर के पेमेंट गेटवे सिस्टम पs भी बहुत असर पड़ल बा।

भारत में भी एकर असर के खबर बा। मुंबई हवाई अड्डा आ गोवा हवाई अड्डा पर सर्वर बंद होखे के तस्वीर सामने आइल बा। मुंबई हवाई अड्डा पs चेक इन सिस्टम बंद होखला के चलते यात्री के समस्या के सामना करे के पड़ता।

अकासा एयर सेवा में रुकावट के पुष्टि कइले बिया।

एयरलाइंस ए संबंध में एगो ट्वीट कइले बिया।

स्पाइसजेट के सेवा भी प्रभावित भइल

स्पाइसजेट के सेवा भी ए आउटेज के चलते प्रभावित भइल बा। एकरा बारे में जानकारी देत कंपनी एगो ट्वीट में लिखले बिया कि, 'हमनी के फिलहाल अपना सेवा प्रदाता के संगे तकनीकी चुनौती के सामना करे के पड़ता, जवना के चलते बुकिंग आ चेक-इन समेत ऑनलाइन सेवा प्रभावित होखता। एकरा चलते हमनी के हवाई अड्डा पs मैनुअल चेक-इन आ बोर्डिंग प्रक्रिया शुरू कs देले बानी। हमनी के यात्री से निहोरा बा कि हमनी के काउंटर पs चेक-इन पूरा करे खातीर सामान्य समय से पहिले एयरपोर्ट पहुंच जाए।”

खबर आ रहल बा कि ई समस्या क्राउडस्ट्राइक नाम के एगो एंटीवायरस कंपनी के हाल के अपडेट के चलते भइल बा। एह समस्या के असर अमेरिका आ ऑस्ट्रेलिया के कई गो कंपनी, बैंक आ सरकारी कार्यालयन पर भी पड़ रहल बा। सोशल मीडिया पर भी बहुत लोग अपना कंप्यूटर स्क्रीन के फोटो डाल रहल बाड़े।

न्यूज चैनल ऑफ एयर हो गइल

बीबीसी डॉट कॉम के एगो रिपोर्ट के मुताबिक ब्रिटेन में स्काई न्यूज चैनल ऑफ एयर हो गइल बा। आस्ट्रेलिया में दूरसंचार समूह टेलस्ट्रा के सेवा बाधित हो रहल बा। अमेरिका के यूनाइटेड, डेल्टा आ अमेरिकन एयरलाइंस दुनिया भर में आपन उड़ान बंद कर दिहले बाड़ी सँ। फिलहाल जवन उड़ान उड़ान भरत बा ओकरा अलावे फिलहाल कवनो विमान ना उड़ान भरी।

Tags :
Advertisement