टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

योग इकोनॉमी के बढ़त देख रहल दुनिया', अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के 10 साल के ऐतिहासिक यात्रा पऽ का बोलले PM मोदी?

10:37 AM Jun 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के अवसर पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Modi) श्रीनगर में योगाभ्यास कइले। योग कइला के बाद उऽ आपन संबोधन देले। प्रधानमंत्री योग के महत्व पs जोर डालत घरी कहले कि योग से नया अवसर पैदा भइल बा। योग खाली विद्या ना बल्कि विज्ञान हऽ। योग से एकाग्रता बढेला। योग पs अब रिसर्च हो रहल बा।

Advertisement

विश्व आज अंतरराष्ट्रीय योग दिवस (International Yoga Day 2024) मना रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी श्रीनगर के शेर-ए-कश्मीर इंटरनेशनल कॉन्फ्रेंस सेंटर (SKICC) में योगाभ्यास कइलें। 10वां अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के मौका पs पीएम मोदी वज्रासन से लेके बलासन, भुजंगासन, शलभासन आ उत्तानपादासन तक योग के कई गो क्रिया कइलें।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी योग दिवस कार्यक्रम के संबोधित करत घरी कहले कि हमरा कश्मीर आवे के सौभाग्य मिलल बा। हमनीं के योग से जवन शक्ति मिलेला, हम श्रीनगर में ओकरा के महसूस कर रहल बानी। हम देश के सब लोग आ दुनिया के कोना-कोना में योग करे वालन के कश्मीर के धरती से योग दिवस के बधाई दे तानी। अंतरराष्ट्रीय योग दिवस 10 बरिस के ऐतिहासिक यात्रा पूरा कर चुकल बा।

'177 देश कइलस योग के समर्थन'

प्रधानमंत्री मोदी आगे कहले," हम 2014 में संयुक्त राष्ट्र में अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के प्रस्ताव रखले रही। भारत के ओ प्रस्ताव के 177 देश समर्थन कइलस, जवन अपना-आप में एगो रिकॉर्ड रहे। तब से योग दिवस लगातार नया रिकॉर्ड बनावत जा रहल बा। 2015 में दिल्ली में कर्तव्य पथ पs 35 हजार लोग एक साथे योग कइले।"

'योग पऽ हो रहल रिसर्च'

पीएम मोदी कश्मीर के जिक्र करत घरी कहले,"जम्मू कश्मीर योग-साधना के घरती हऽ। एकरा से उत्पादकता आ सहनशक्ति बढ़ेला। योग से नया अवसर पैदा भइल बा। योग खाली विद्या ना बल्कि विज्ञान हऽ। योग से एकाग्रता बढ़ेला। योग पs अब रिसर्च हो रहल बा। योग टूरिज्म के नया ट्रेंड बन गइल बा।

'एस्ट्रोनॉटो करेलें योग'

पीएम मोदी ध्यान के महत्व पs जोर देत घरी कहले कि सूचना आ संचार के युग में ध्यान केंद्रित कइल बहुत मुश्किल हो गइल बा। अइसे में लोगन खातिर योग बहुत जरूरी हो गइल बा। ई सकारात्मक प्रयासन में सहयोग करेला। उऽ कहले- एस्ट्रोनॉटो योग करेलें।

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 101 साल बुजुर्ग महिला के जिक्र करत घरी कहलें कि एह साल भारत में फ्रांस के 101 साल के महिला योगा शिक्षिका के पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल। उऽ कबो भारत ना अइली बाकिर उऽ पूरा जीवन योग के लेके जागरूकता फइलावे में लगा देली। आज देश-दुनिया के प्रतिष्ठित यूनिवर्सिटीज आ संस्थानन में योग पs रिसर्च हो रहल बा। योग पs रिसर्च पेपर पब्लिश हो रहल बा।

Tags :
2024 yogaInternational Yoga DayNarendra Modipm modiYog diwasYoga Day
Advertisement
Next Article