टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एप्पल के यूजर्स पs एगो बड़ खतरा मंडरा रहल बा! अलर्ट जारी, जदी ई काम ना भइल तs डिवाइस हैक हो जाई

12:53 PM Aug 05, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

एप्पल अपना डिवाइस खातिर अलर्ट जारी कइले बा कि ओकरा डिवाइस में कुछ खामी के पता चलल बा, जवना के माध्यम से हैकर फोन के सुरक्षा में घुस के निजी डेटा से छेड़छाड़ कs सकतारे।

Advertisement

भारतीय कंप्यूटर इमरजेंसी टीम (सीईआरटी-इन) एप्पल के आईफोन, आईपैड, मैकओएस अवुरी वॉचओएस में कई गो खामी के बारे में अलर्ट जारी कइले बिया। बतावल गइल बा कि एह खामी के चलते कवनो हमलावर यानी हैकर डिवाइस के सुरक्षा से छेड़छाड़ कs के ओकरा के तोड़ सकेला आ उपयोगकर्ता लोग के संवेदनशील जानकारी तक पहुँच सकेला।

एप्पल के प्रोडक्ट सब में कई गो कमजोरी सब के रिपोर्ट कइल गइल बा जेह से हैकर लोग के संवेदनशील जानकारी तक पहुँच सके ला, मनमाना कोड इंजेक्ट क सके ला, सुरक्षा के बाईपास कs सके ला, डिनियल ऑफ सर्विस (DoS) पैदा हो सके ला आ टारगेट सिस्टम सब पर स्पूफिंग हमला हो सके ला।

सीईआरटी के सलाह के मुताबिक, ई कमजोरी आईओएस, आईपैडओएस के संगे-संगे एप्पल के सफारी वेब ब्राउज़र के कुछ मैकओएस संस्करण आ पुरान संस्करण पs मौजूद बा। बताईं कि सीईआरटी के मुताबिक एप्पल के कवन ओएस वर्जन प्रभावित बा।

17.6 से नीचे के सब OS वर्जन

16.7.9 से नीचे के iPadOS वर्जन

14.6 से नीचे के macOS Sonoma वर्जन

13.6.8 से पहिले के macOS Ventura वर्जन

12.7.6 से नीचे के macOS Monterey वर्जन

10.6 से नीचे के watchOS वर्जन

17.6 से पहिले के tvOS वर्जन

1.3 से नीचे के visionOS वर्जन ।

Tags :
Appleapple device alertApple ios updateBhojpuri khabarhacker alertKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar bhojpuri technology newsTech Newstech news in bhojpuri
Advertisement
Next Article