टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा में Jurassic Park के थीम पऽ बनल बा माई के पंडाल 

06:13 PM Oct 06, 2024 IST | Sonu Kishor
जुरासिक पार्क के तर्ज पऽ बनल पंडाल
Advertisement

दशहरा के अवसर पर छपरा के फुटानी बाजार में भव्य पंडाल बनावल जाला। ई पंडाल हर साल कवनो ना कवनो नया सामाजिक संदेश ले के आवेला, आ अबकी बेर एकर थीम बा ‘जुरासिक पार्क.’ पंडाल के निर्माता ओमप्रकाश बरिसन से एह कला के विशेषज्ञ बाड़न।

Advertisement

भारत में दशहरा के परब हर साल धूमधाम से मनावल जाला। एह परब के धार्मिक महत्व त बा बलुक समाज में एगो खास तरह के जीवंतता आ आनन्द ले आवेला। खास कर के पूजा पंडाल के वैभव आ सुंदरता के लोग के दिल में एगो खास जगह बा। दशहरा के अवसर पर छपरा के फुटानी बाजार में भव्य पंडाल बनावल जाला। हर साल एहिजा के लोग अइसन पंडाल बनावेला जवन ना खाली सुन्दर होला बलुक मशहूरो होला। अबकी बेर गम्हरिया कला पंडाल पs खास चर्चा बा। ई पंडाल हर साल कुछ नया सामाजिक संदेश ले के आवेला, आ अबकी बेर एकर थीम बा ‘जुरासिक पार्क’ बा।

पंडाल बनावे में केतना समय लागल?

अबकी बेर एह गम्हरिया कला पंडाल के जुरासिक पार्क के रूप दिहल गइल बा जवन दर्शकन का सोझा एगो अनोखा आ अद्भुत अनुभव ले के आइल बा। पंडाल बनावे में चार महीना लागल आ एकरा में लगभग 50 लाख रुपया के लागत आइल। एह में 9 तरह के डायनासोर के मॉडल बनावल गइल बा, जवन लाखों साल पहिले धरती से विलुप्त हो गइल रहे। बाकिर आज के पीढ़ी खास कर के लइकन के ओह डायनासोर के देखे आ जाने के मौका दिहल जा रहल बा।

युवा पीढ़ी के जागरूकता खातिर ई विषय

पंडाल निर्माता ओम प्रकाश बरिसन से एह कला में निपुण बाड़न। उनकर कहनाम बा कि पंडाल के निर्माण दशहरा से तीन महीना पहिले शुरू हो जाला। एह साल उ जुरासिक पार्क के थीम चुनले ताकि आज के युवा पीढ़ी प्रकृति आ इतिहास के बारे में जान सके। उऽ कहले कि इ विशालकाय डायनासोर मॉडल खास तौर प बच्चा खाती बनावल गइल बा, ताकि उऽ लोग एकरा के देख के इतिहास आ विज्ञान में रुचि देखा सके।

Tags :
Chhapra Bihar newsChhapra Durga Puja pandalChhapra futani bazarKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article