For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'हमरा के वोट देवे के कवनो जरूरत नइखे...', नागपुर में अइसन का बोलले केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी

09:40 AM Apr 18, 2024 IST | Sonu Kishor
 हमरा के वोट देवे के कवनो जरूरत नइखे      नागपुर में अइसन का बोलले केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी
Advertisement

Loksabha elections 2024 : गडकरी एगो बड़ बयान देत कहले कि पिछला दस बरिस में यदि हम केहू के साथे कवनो भेदभाव कइले बानी भा दलितन आ मुसलमानन के साथ अन्याय कइले बानी तऽ हमरा के वोट देवे के कवनो जरूरत नइखे। जदि हम निष्ठा से काम कइले बानी तऽ निहोरा बा कि हमरा के वोट दी। गडकरी कहले कि हम आपन जीत के लेके 101 प्रतिशत आश्वस्त बानी।

Advertisement

Nitin Gadkari in Nagpur केंद्रीय मंत्री आ लोकसभा चुनाव में भाजपा उम्मीदवार नितिन गडकरी कहले हऽ कि जदि केहू के लागत बा कि हम केहू के साथे भेदभाव कइले बानी तऽ हमरा के वोट देवे के जरूरत नइखे। हमरा जवनो पहचान मिलल बा, उऽ नागपुर के लोगन के हऽ।

उऽ कहले कि पूरे देश खातिर ई बेहद खुशी के बात बा कि भगवान राम के जन्मभूमि पऽ राम मंदिर के निर्माण हो गइल बा। आज हमनी के देशभर में रामनवमी मना रहल बानी। भगवान राम हमनी के संस्कृति के प्रतीक हउअन। आज भगवान राम के आशीर्वाद से हमनी राम राज्य के स्थापना के संकल्प लेले बानी।

गडकरी ने कहा,

ई पूरा देश खातिर बेहद खुशी के बात बा कि भगवान राम के जन्मभूमि पऽ राम मंदिर के निर्माण भइल बा। आज हमनी के पूरा देश में राम नवमी मना रहल बानी सन। भगवान राम हमनी के इतिहास आ संस्कृति के प्रतीक हउअन, आज भगवान राम के आशीर्वाद से हमनी राम राज्य स्थापित करे के संकल्प लेले बानी । हम नागपुर के लोगन के आपन परिवार मानेनी आ ओहू लोग के अइसने लागेला। हमरा इहाँ के लोगन से बहुत प्यार मिलल बा।

वचन नामा' जारी कइले 

मंगर के दिने नितिन गडकरी ने नागपुर लोकसभा क्षेत्र खातिर 'वचन नामा' जारी कइले। उऽ कहले, ''हमनी के योजना नागपुर में जैविक फल, सबजी आ खाद्यान्न बाजार खोले के बा। गडकरी कहले कि हम अपना जीत के लेके 101 प्रतिशत आश्वस्त बानी। ए बेर हम बहुते अंतर से चुनाव जीतब। जनता के समर्थन, उनका उत्साह, पार्टी कार्यकर्तावन के कड़ी मेहनत के देखत, हम 5 लाख से अधिक अंतर से जीते के पूरा कोशिश करब।

19 अप्रैल के होखे के बा वोटिंग

महाराष्ट्र के 48 संसदीय क्षेत्रन में से एगो नागपुर में लोकसभा चुनाव के पहिले चरण में 19 अप्रैल के मतदान होई। ए सीट पऽ भाजपा के वरिष्ठ नेता नितिन गडकरी आ वर्तमान में नागपुर पश्चिम से विधायक विकास ठाकरे के बीच मुकाबला होई।

Tags :
Advertisement